फर्जी आयुष्मान कार्ड मामला में ED के एक्शन, दिल्ली से हिमाचल ले छापेमारी, कांग्रेस MLA के घर के तलाशी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2024

आयुष्मान भारत कार्ड में धोखाधड़ी के लेके ईडी दिल्ली पंजाब समेत 19 जगह पs छापामारी कइले बिया। एह मामला में हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस के दुगो नेता के नाम सोझा आइल बा। कांग्रेस विधायक आरएस

Share

आयुष्मान भारत कार्ड में धोखाधड़ी के लेके ईडी दिल्ली पंजाब समेत 19 जगह पs छापामारी कइले बिया। एह मामला में हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस के दुगो नेता के नाम सोझा आइल बा। कांग्रेस विधायक आरएस बाली के घरन पऽ तलाशी अभियान चल रहल बा। संगही, डेहरा से टिकट मंगले रहले राजेश शर्मा के अस्पताल में तलाशी जारी बा।

आयुषमान भारत प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के फर्जी आईडी कार्ड बनावे के मामला में प्रवर्तन निदेशालय बड़हन कार्रवाई कइले बा। ईडी 19 जगहा पs छापा मार दिहले बा। योजना के उल्लंघन के इस्थिति में ईडी दिल्ली, चंडीगढ़, पंजाब, हिमाचल प्रदेश के कांगड़ा, उना, शिमला, मंडी, कुल्लू के 19 स्थान पs तलाशी ले रहल बा।

बांके बिहारी अस्पताल, फोर्टिस अस्पताल समेत कई गो अस्पतालन में अइसन फर्जी कार्ड पs बहुते मेडिकल बिल बनावल गइल बा जवना से सरकारी खजाना आ लोग के नुकसान होखत बा। हिमाचल प्रदेश के दू गो कांग्रेसी नेता के नांव से सामने आइल बा

आरएस बाली आ राजेश शर्मा के नाम सामने आइल

हिमाचल प्रदेश के नग्रोटा से कांग्रेस विधायक, हिमाचल प्रदेश पर्यटन विकास निगम के अध्यक्ष आ हिमाचल प्रदेश पर्यटन विकास बोर्ड आरएस बाली के उपाध्यक्ष के नाम सामने आइल बा। एकरा संगे-संगे एह धोखाधड़ी में श्री बालाजी अस्पताल कांगड़ा आ कांग्रेस नेता डॉ. राजेश शर्मा के नाम भी सामने आइल बा।

एह लोग के परिसरो के तलाशी लिहल जाता। कांग्रेस विधायक आरएस बाली से जुड़ल परिसर आ निजी अस्पताल पs छापामारी कइल गइल बा। कांग्रेस नेता डॉ. राजेश शर्मा के हालही में देहरा से टिकट ना दिहल गइल।

बुध के सबेरे ईडी कांगड़ा शहर के तीन गो निजी अस्पतालन पs छापा मार दिहलस। एह दौरान अस्पतालन के रिकार्ड के जाँच कइल गइल। ईडी के छापामारी से हलचल मच गईल बा। बतावल जाता कि बहुत नेता ईडी के रडार पs बाड़े, जवना के चलते ईडी लगातार हिमाचल में छापामारी करऽ तिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.