दिल्ली-एनसीआर के बाद बिहार में भी भूकंप से डोलल धरती, जानीं केतना रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2025

दिल्ली-एनसीआर के संगे सोमार के सबेरे बिहार में भी भूकंप के झटका महसूस भईल। बिहार के सिवान में सबेरे 8.02 बजे आईल भूकंप से लोग डेरा गईले। बिहार में आईल भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना

Share

बिहार में भी भूकंप से डोलल धरती

दिल्ली-एनसीआर के संगे सोमार के सबेरे बिहार में भी भूकंप के झटका महसूस भईल। बिहार के सिवान में सबेरे 8.02 बजे आईल भूकंप से लोग डेरा गईले। बिहार में आईल भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.0 बतावल जाता।

भूकंप के डर से लोग घर से बाहर निकलल

दिल्ली में सबेरे 5.36 बजे भूकंप आईल। करीब ढाई घंटा बाद बिहार में भूकंप के झटका महसूस भईल। बिहार में आईल भूकंप के चलते लोग डर के चलते घर से बहरी निकलल।  हरियाणा, यूपी, बिहार अवुरी उत्तराखंड में भूकंप के झटका महसूस भईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: उज्जर बाल के करीं Control इs 6 गो योगासन

दिल्ली में गड़गड़ाहट के आवाज़ के साथ भूकंप

दिल्ली-एनसीआर के लोग आजु सबेरे भूकंप के तेज कंपकंपी महसूस कइल. ई खाली गड़गड़ाहट ना रहे बलुक भूकंप के तेज गूँज भी जनता में डर पैदा कs दिहलस। सबेरे 5.36 बजे जोरदार गड़गड़ाहट से धरती हिलल शुरू हो गईल अवुरी करीब दस सेकंड ले कंपकंपी महसूस होखत रहल।

धौलाकुआं दिल्ली में भूकंप के केन्द्र रहे 

दिल्ली में रिक्टर स्केल पs 4 तीव्रता के एह भूकंप के केन्द्र धौलाकुआं के लगे दुर्गाबाई देशमुख कॉलेज रहे। भूकंप के केन्द्र जमीन से पांच किलोमीटर नीचे रहे। भूकंप के अतना तेज रहे कि दिल्ली-एनसीआर के पूरा धरती काँपे लागल। गहिरा नींद में सुतल लोग झटका से डेरा के जाग गइल लोग.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.