देर रात भूकंप के झटका से हिलल धरती, जानीं केतना रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 8, 2025

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के जमीन एक बेर फेर भूकंप के कंपन से हिल गईल बा। देर रात दिल्ली में भूकंप आईल। एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 2.3 नापल गइल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी

Share

भूकंप

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के जमीन एक बेर फेर भूकंप के कंपन से हिल गईल बा। देर रात दिल्ली में भूकंप आईल। एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 2.3 नापल गइल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक, दिल्ली में आईल भूकंप के भूकंप रात के 1:27:01 बजे आईल। एह भूकंप के केन्द्र अक्षांश: 28.53 उत्तर, देशांतर: 77.32 पूर्व रहल।

केन्द्र दक्षिण पूर्वी दिल्ली रहे

भूकंप के गहराई जमीन से मात्र 5 किलोमीटर नीचे रहे। एकर केन्द्र दक्षिण पूर्वी दिल्ली रहे। शनिचर के देर रात दिल्ली में आइल भूकंप के तीव्रता काफी कम रहे। एकरा चलते कवनो प्रकार के नुकसान के खबर नईखे। जवना समय दिल्ली में भूकंप आईल रहे, ओ समय अधिकांश लोग सुतल रहले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.