Earthquake: दिल्ली-एनसीआर में भूकंप के झटका, 5.9 रहल तीव्रता, घर आ दफ्तरन से बाहर निकलल लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2023

दिल्ली-एनसीआर में बियफे के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। नेशनलसेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मोताबिक एकर केंद्र अफगानिस्तान के फैयजाबाद रहल रिक्टर स्कैल पs एकर तीव्रता 5.9 रहल आ ई रात 7.55 पs आइल। फिलहाल

Share

दिल्ली-एनसीआर में बियफे के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। नेशनलसेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मोताबिक एकर केंद्र अफगानिस्तान के फैयजाबाद रहल रिक्टर स्कैल पs एकर तीव्रता 5.9 रहल आ ई रात 7.55 पs आइल। फिलहाल कहीं से कवनो तरे के हानि के सूचना नइखे।

जम्मूओ-कश्मीर में झटका भइल महसूस

झटके महसूस होखला के बाद लोग घबराके अपना-अपना घर आ दफ्तरन से बाहर निकल गइल। दिल्ली से सटल नोएडा, फरीदाबाद आ गुरुग्राम में लोगन के झटका महसूस भइल। एकरा अलावे जम्मू-कश्मीर के सांबा, कठुआ, डोडा, उधमपुर, जम्मू, कटड़ा आ श्रीनगर में एकर झटका महसूस कइल गइल।

नया साल के पहिलको दिन आइल रहे भूकंप

एकरा पहिले साल के पहिलका दिन माने एक जनवररियो के भूकंप के झटका महसूस भइल रहे। बाकिर तब कर तीव्रता महज 3.8 रहल रहे। एक जनवरी के हरियाणा में रात 1:19 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। ओह बेर झज्जर के बेरी भूकंप के केंद्र रहल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.