Delhi News : डीयू प्रोफेसर हत्या ममिला में बड़ खुलासा, जमीन विवाद के चलते भइल हत्या, एगो महिला सहित तीन गिरफ्तार

DU Professor Murder

Share

पूर्वी दिल्ली। वसुंधरा एन्क्लेव के सत्यम एन्क्लेव में दिल्ली विश्वविद्यालय (DU) के सहायक प्रोफेसर डॉ. देबोस्मिता पॉल के हत्या के ममिला के पुलिस सुलझा लेले बिया। पूर्वी दिल्ली जिला पुलिस बुध के एह ममिला में एगो महिला सहित तीन आरोपियन के गिरफ्तार कइले बिया।

का बा पूरा मामला?

पुलिस के मोताबिक, डॉ. देबोस्मिता पॉल के हत्या के मुख्य कारण जमीन-जायदाद के विवाद रहे। डॉ. देबोस्मिता पश्चिम बंगाल में अपना नाना के जमीन के कानूनी वारिस रहली। उनकर बड़ भाई आ बहिन ओह जमीन के बेचे के चाहत रहे लोग, बाकिर डॉ. देबोस्मिता जमीन बेचला के पक्ष में ना रहली।

एही बीच, ओह जमीन पs रहत किरायेदार दंपति जमीन किनल चाहत रहे। जब प्रोफेसर जमीन बेचे से साफ मना कs दिहली, तs किरायेदार दंपति अपना बच्चा के संगे पश्चिम बंगाल से दिल्ली पहुंच गइल।

घर में बढ़ल विवाद

जानकारी के अनुसार, किरायेदार दंपति प्रोफेसर के घर पहुंचल, जहां बातचीत के दौरान विवाद बढ़ गइल। आरोप बा कि गुस्सा में आके आरोपी लोग डॉ. देबोस्मिता पॉल के सिर पs भारी चीज से हमला कइल, जवना से उनकर मौत हो गइल।

सूत्रन के अनुसार, घटना के समय आरोपी दंपति के बच्चा घर के बाहर मवजूद रहलें।

सीसीटीवी फुटेज से मिलल सुराग

पुलिस बतवले बिया कि आरोपी लोग सीसीटीवी फुटेज में मास्क लगवले नजर आइल। जांच के दौरान फुटेज आ आउर सबूतन के आधार पs पुलिस तीनो आरोपी तक पहुंचल आ ओकरा बाद गिरफ्तारी कइल गइल।

शिवाजी कॉलेज में अंग्रेजी विभाग के प्रोफेसर रहली

मृतका के पहचान दिल्ली विश्वविद्यालय के शिवाजी कॉलेज में अंग्रेजी विभाग के सहायक प्रोफेसर डॉ. देबोस्मिता पॉल के रूप में भइल। ऊ अपना पति से अलग रहत रहली। साल 2017 में उनकर बियाह भइल रहे, बाकिर घरेलू विवाद के चलते 2022 में दूनो लोग अलग हो गइल रहे।

Read Also: NEET UG 2026 : एनटीए अब कबो जारी कs सकेला नीट यूजी री-एग्जाम सिटी स्लिप, खाली 4 स्टेप में होई डाउनलोड

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-