सुबेरे-सुबेरे: खाली पेट पीं करी पत्ता के जूस, औषधीय गुण से बा भरपूर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2024

  आयुर्वेद में करी के पत्ता के दवाई मानल जाला। खास बात इs बा कि करी के पत्ता, जवन कि एतना फायदा से भरपूर होखेला, खाना के स्वाद में भी बढ़ोतरी करेला। हँ, अगर कवनो

Share

करी पत्ता पिअले के फायदा

 

आयुर्वेद में करी के पत्ता के दवाई मानल जाला। खास बात इs बा कि करी के पत्ता, जवन कि एतना फायदा से भरपूर होखेला, खाना के स्वाद में भी बढ़ोतरी करेला। हँ, अगर कवनो खाना में करी के पत्ता डाल दीं तs ओकर स्वाद कई गुना बढ़ जाला. दक्षिण आ महाराष्ट्र में करी के पत्ता के इस्तेमाल धनिया नियर सब्जी, दाल आ अउरी चीजन में होला। करी के पत्ता जवन भी डालल जाव, ओकर स्वाद आ सुगंध अलग होखे लागेला। करी के पत्ता ही ना एकर जूस शरीर के भी फायदा पहुंचावेला। वजन घटावे खातिर करी पत्ता के रस पी सकेनी। रोज करी पत्ता के रस पियला से मोटापा कम करे में मदद मिलेला। करी के पत्ता खईला से बहुत बेमारी दूर रहेला। करी पत्ता के जूस घर में बनावे के तरीका जानीं आ एकरा के पीये से का फायदा होला।

करी के पत्ता में बहुत विटामिन अवुरी एंटीऑक्सीडेंट पावल जाला। करी के पत्ता में विटामिन बी 2, विटामिन बी 1 अवुरी विटामिन ए होखेला। एकरा अलावे आयरन, कैल्शियम, प्रोटीन जईसन खनिज पावल जाला। करी के पत्ता में एंटीडायबिटिक, एंटी-माइक्रोबियल गुण पावल जाला। जवन शरीर के बेमारी से दूर राखे में मदद करेला।

करी पत्ता के जूस कइसे बनाइ

1 कटोरी साफ आ धोवल करी के पत्ता लेके 2 गिलास पानी के कड़ाही में उबलत राखीं। जब पानी तेज लौ पs उबलल शुरू हो जाव तs करी के पत्ता डाल दीं। अब उबाल के जब पानी आधा रह जाई तs छननी से छान लीं। एकरा में 1 चम्मच शहद अवुरी नींबू के रस मिला लीं। अगर रउरा चाहत बानी तs खाली करी के पत्ता पीस के रस भी निकाल सकेनी। एकरा खातिर करी के पत्ता के मिक्सर में डाल के आधा कप पानी डाल के पीस लीं। छननी से छान के रस निकाल के ओकरा में करिया नमक आ नींबू डाल के पी लीं।

करी पत्ता के जूस पियला से वजन घटावे में मदद मिली

रोज खाली पेट करी पत्ता के जूस पियला से मोटापा कम हो जाला। एकरा चलते शरीर में जमा चर्बी धीरे-धीरे पिघले लागेला। करी के पत्ता में पावल जाए वाला विटामिन अवुरी खनिज रोग प्रतिरोधक क्षमता बढ़ावे अवुरी मेटाबॉलिज्म बढ़ावे में मदद करेला। जवना से वजन घटावे में आसानी होखेला। करी के रस से रोग प्रतिरोधक क्षमता मजबूत होखेला। एकरा में पावल जाए वाला एंटीऑक्सीडेंट गुण संक्रमण के दूर करेला। शरीर में खून के कमी के भरपाई आयरन अवुरी फोलिक एसिड करेला। एनीमिया के मरीज के रोज करी पत्ता के रस पियला से फायदा मिलेला। करी के पत्ता शरीर के विषमुक्त करे अवुरी खराब विषैला पदार्थ के बाहर निकाले में मदद करेला। एकरा से पाचन में भी सुधार होखेला। संगही गैस, एसिडिटी अवुरी कब्ज से राहत देवेला। करी के पत्ता बाल खातीर भी फायदेमंद होखेला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.