लखनऊ के किसान पथ पs डबल डेकर बस में लागल भीषण आग, 5 यात्रियन के जर के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2025

उत्तर प्रदेश के लखनऊ के मोहनलालगंज कोतवाली इलाका में किसान पथ पs डबल डेकर बस में आग लाग गइल जवना में पाँच सवारियन के जरि के मौत हो गइल. मरेवाला में दु महिला अवुरी एगो

Share

उत्तर प्रदेश के लखनऊ के मोहनलालगंज कोतवाली इलाका में किसान पथ पs डबल डेकर बस में आग लाग गइल जवना में पाँच सवारियन के जरि के मौत हो गइल. मरेवाला में दु महिला अवुरी एगो बच्चा शामिल बाड़े। बस से दु सिलेंडर भी मिलल बा। गियर बॉक्स के लगे आग लाग गईल। इs बस बिहार के पटना से मजदूर अवुरी ओ लोग के परिवार के लेके दिल्ली जात रहे।

आजू के सबेरे अचानक बस में आग लाग गईल, जवना से अफरा-तफरी मच गईल। स्थानीय लोग अवुरी यात्री तुरंत पुलिस अवुरी दमकल विभाग के सूचना देले। आधा दर्जन से अधिका फायर इंजन मौका पs पहुंच के घंटों मेहनत के बाद आग के काबू में कs लेले। आग अतना भयावह रहे कि बस पूरा तरह से जर के राख हो गईल।

भारी पुलिस बल अवुरी पीजीआई के टीम भी मौका पs पहुंचल। पुलिस मरेवाला यात्री के शव के बस से निकाल के एम्बुलेंस के मदद से पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। मौका पs मौजूद पुलिस अधिकारी घटना के जांच शुरू कs देले बाड़े। घटना में पांच यात्री के मौत के पुष्टि हो चुकल बा, जवना के शव के पोस्टमार्टम खातीर भेजल गईल बा। मरेवाला लोग के परिवार के सूचना दिहल गईल बा।

इहो: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.