Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दूरदर्शन के मशहूर न्यूज एंकर गीतांजलि अय्यर के निधन

गीतांजलि दूरदर्शन पs पहिला इंग्लिश एंकरन में से एगो रहे। उनका निधन के खबर के बाद से पत्रकारिता जगत में शोक के लहर बा। ऊ 30 से बेसी बरिसन तक दूरदर्शन पs एंकरिंग कइले रहली आ पत्रकारिता के क्षेत्र में कइयन गो कीर्तिमान स्थापित कइले रहली। उनका के चार बेर सर्वश्रेष्ठ एंकर के पुरस्कार दिहल गइल रहे।

182

दूरदर्शन के जानल मानल एंकर गीतांजलि अय्यर के बुध के 7 जून के निधन हो गइल। ऊ दूरदर्शन पs पहिला इंग्लिश एंकरन में से एगो रहली। उनका निधन के खबर के बाद से पत्रकारिता जगत में शोक के लहर बा। ऊ 30 से बेसी बरिसन तक दूरदर्शन पs एंकरिंग कइले रहली आ पत्रकारिता के क्षेत्र में कइयन गो कीर्तिमान स्थापित कइले रहली। उनका के चार बेर सर्वश्रेष्ठ एंकर के पुरस्कार दिहल गइल रहे।

अय्यर के उनकर उत्कृष्ट कार्य, उपलब्धियन आ जोगदान खातिर 1989 में उत्कृष्ट महिला लोगन खातिर इंदिरा गांधी प्रियदर्शिनी पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे। ऊ अंग्रेजी में स्नातक के डिग्री पूरा कइला के बाद कोलकाता के लोरेटो कॉलेज से स्नातक कइले रहली। ऊ नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से डिप्लोमा कइले रहली।

गीतांजलि दूरदर्शन में एंकरिंग के करीब 30 बरिसन के बाद कॉर्पोरेट संचार, सरकारी संपर्क आ मार्केटिंगो में काम कइले रहली। ऊ भारतीय उद्योग परिसंघ (CII) में सलाहकारो बनली। ऊ धारावाहिक “खानदान” में काम कइले रहली।

आउर पढ़ी: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह बोललें: 2024 में पहिले से जादे एनडीए के मिले वाला बा बहुमत, जनता के भरोसा PM के साथे

559090cookie-checkदूरदर्शन के मशहूर न्यूज एंकर गीतांजलि अय्यर के निधन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.