Bihar Doctors Strike: बिहार में डॉक्टरन के हड़ताल से स्वास्थ्य सेवा ठप, मरीजन के बढ़ल मुश्किल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2025

पटना : बिहार स्वास्थ्य सेवा संघ (BHSA) के चिकित्सक आपन लंबित मांगन के पूरा करावे आ जिलाधिकारियन के बेवहार के विरोध में बियफे से सनीचर तक हड़ताल पs रही लो। एह दौरान सिविल सर्जन के

Share

Bihar Doctors Strike: बिहार में डॉक्टरन के हड़ताल से स्वास्थ्य सेवा ठप, मरीजन के बढ़ल मुश्किल

पटना : बिहार स्वास्थ्य सेवा संघ (BHSA) के चिकित्सक आपन लंबित मांगन के पूरा करावे आ जिलाधिकारियन के बेवहार के विरोध में बियफे से सनीचर तक हड़ताल पs रही लो। एह दौरान सिविल सर्जन के अधीन आ जवना अस्पतालन में संघ के डाक्टर कार्यरत बा लाे, ओह लोगन के ओपीडी सेवा बंद करावे के चेतावनी देले बा लो।

3 दिन के हड़ताल के बाद फैसला ली लो डॉक्टर

प्रवक्ता डॉ. विनय कुमार बतवलें कि स्वास्थ्य मंत्री, विभाग के अपर मुख्य सचिव, जिलाधिकारयन आ सिविल सर्जन के पत्र के माध्यम से मंगरे के एकर सूचना दे दिहल गइल बा।
जदि तीन दिन के कार्य बहिष्कार के बादो सरकार ओह लोगन के मांगन पs सकारात्मक पहल नइखे करत तs चिकित्सक आ सख्त डेग उठावे के बाध्य होई लो।

बायोमेट्रिक उपस्थिति के आधार पर रोका गया डॉक्टरों का वेतन

भासा पत्र में कहले बा कि शिवहर, गोपालगंज आ मधुबनी जिलन के डीएम बायोमेट्रिक उपस्थिति के आधार पs डॉक्टर लोगन के वेतन रोक देले बा लो। कइयन महीना से डॉक्टरन के एह तरे प्रताड़ित कइला के संगे अमर्यादित बेवहार कइल जा रहल बा।

डॉक्टरन के प्रमुख मांग

एकरा विरोध में शिवहर के डॉक्टरन के ओपीडी बहिष्कार जारी बा। ओहिजा, डाक्टरन के सुरक्षा, आवास, पर्याप्त मानव बल, गृह जिलन में पोस्टिंग, कार्यावधि निर्धारण, इमरजेंसी में सात दिन 24 घंटे काम करे वाला डॉक्टरन के बायोमेट्रिक उपस्थिति के बाबत निरदेस जारी करे जइसन तमाम मांग लमहर समय से लंबित बा।

मरीजन के बढ़ल परेसानी

डॉक्टरन के हड़ताल के वजह से मरीजन के परेसानी बढ़ गइल बा। इलाज खातिर अस्पताल पहुंच रहल मरीजन के वापस लवटे के पड़ रहल बा। तीन दिन तक डॉक्टरन के हड़ताल रहला से मरीजन के मुश्किल बढ़ गइल बा।

गया : खाद्य निगम गोदामन के श्रमिक अनिश्चितकालीन हड़ताल पs

एक ओरि जहां डॉक्टर लोग तीन दिवसीय हड़ताल के एलान कइले बा लो। ओहिजा, दूसरका ओर गया इस्थित बिहार राज्य खाद्य निगम के गोदामन में कार्यरत गोदाम श्रमिकन द्वारा बुध से अलग-अलग मांगन के लेके अनिश्चितकालीन हड़ताल सुरू कइल गइल बा।

श्रमिकन के संबोधित करत गया जिला इंटक अध्यक्ष अजय कुमार सिंह कहलें कि अभिकर्ता के ओर से श्रमिक के चार रुपिया 55 पईसा दिहल जाला, जबकि 11.64 रू प्रति बोरी सरकार के ओर से निधार्रित बा। श्रम संसाधन विभाग के अधिसूचना संख्या 1698 दिनांक 31 मार्च 2023 लागू नइखे कइल गइल।

सब श्रमिकन के ईपीएफईएस आई सुविधा के लाभ नइखे मिलत, जबकि गया जिला छोड़के बिहार के सब जिलन में सारा सुविधा मिलेला। गया जिला के सब गोदाम बुध से अनिश्चितकालीन हड़ताल के लेके बंद बा।

Read Also:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.