दिल्ली के अस्पताल में डॉक्टर के गोली मार के हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2024

दिल्ली के अस्पताल में एगो डॉक्टर के गोली मार के हत्या के चौंकावे वाला मामला सोझा आइल बा। घटना दिल्ली के जैतपुर इलाका में भइल, जहां दु हमलावर अस्पताल पहुंचले आ उ लोग घायल बाड़े

Share

दिल्ली के अस्पताल में एगो डॉक्टर के गोली मार के हत्या के चौंकावे वाला मामला सोझा आइल बा। घटना दिल्ली के जैतपुर इलाका में भइल, जहां दु हमलावर अस्पताल पहुंचले आ उ लोग घायल बाड़े ई बतवले। इलाज के बाद उऽ डॉक्टर से मिले के इच्छा जतवले। डॉक्टर के केबिन में पहुंचते डॉक्टर के गोली चला देले।

घटना के बाद दिल्ली पुलिस सीसीटीवी फुटेज के आधार पs आरोपी के तलाश में जुटल बिया। मरेवाला डॉक्टर के नाम जावेद बतावल गइल बा। कालिंदी कुंज पुलिस के मुताबिक इ मामला जैतपुर इस्थित नीमा अस्पताल के हऽ। हत्या के कारण अबहीं तक साफ नइखे भइल, एहीसे पुलिस अलग-अलग पहलू से जांच करतिया। आरोपी के गिरफ्तारी खातिर पुलिस टीम लगातार तलाशी अभियान चलावतिया।

दिल्ली में डॉक्टर के हत्या के एगो अउरी मामला 5 महीना पहिले जंगपुरा इलाका में सोझा आइल रहे। 10 मई के 65 साल के डॉ. योगेश चंद्र पॉल के घर में गला रेत के हत्या कऽ दिहल गइल रहे। एह मामला में पुलिस जांच के बाद तीन लोग के गिरफ्तार कऽ के कहलस कि एह हत्या में कुल सात लोग शामिल बाड़े, जवना में से चार लोग नेपाली नागरिक बाड़े। जंगपुरा के डॉक्टर मर्डर केस के मास्टरमाइंड डॉ पॉल के घरे काम करे वाली नौकरानी बसंती रहली, जवन कि पछिला 24 साल से उनका घर में काम करत रहली। परिवार के लोग कबो ना सोचले रहे कि जवना महिला के उ लोग अपना घर में रखले आ 24 साल तक भरोसा कइले, उहे महिला उनका जान के दुश्मन बन जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.