Doctor Murder Case: HC गुस्सा से कहले- प्रिंसिपल के काहे बचावल जाता ? केस डायरी पेश करे के कहले

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 13, 2024

प्रोफेसर (डॉ.) संदीप घोष काल्ह आरजी कर मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल के प्राचार्य पद से इस्तीफा दे दिहले रहले। कुछ देर बाद कलकत्ता नेशनल मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल में नियुक्ति भइल। कोलकाता के एगो सरकारी

Share

प्रोफेसर (डॉ.) संदीप घोष काल्ह आरजी कर मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल के प्राचार्य पद से इस्तीफा दे दिहले रहले। कुछ देर बाद कलकत्ता नेशनल मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल में नियुक्ति भइल।

कोलकाता के एगो सरकारी अस्पताल में एगो महिला प्रशिक्षु डॉक्टर के संगे बलात्कार आ हत्या के मामिला में तेजी आइल बा। मेडिकल कॉलेज के डॉक्टर आ छात्र के विरोध के बीच ई मामिला कलकत्ता हाईकोर्ट तक पहुंचल बा। कई गो पीआईएल दर्ज भइला के बाद मुख्य न्यायाधीश ई कड़ा टिप्पणी कइलन । कोर्ट कहलस कि नैतिक जिम्मेवारी लेके केहु अपना पद से इस्तीफा दे देवेला के बाद ओकरा के कवनो अउरी सरकारी कॉलेज में कइसे नियुक्ति कइल जा सकता। संगही, संदीप घोष से आज दुपहरिया तीन बजे से पहिले छुट्टी के आवेदन जमा करावे के कहले। एकरा संगे-संगे आज दुपहरिया एक बजे कोर्ट में मामिला के केस डायरी दाखिल करे के निर्देश दिहल गइल बा।

बता दीं कि प्रोफेसर (डॉ.) संदीप घोष काल्ह आरजी कर मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल के प्रिंसिपल के पद से इस्तीफा दे दिहले रहले । कुछ देर बाद कलकत्ता नेशनल मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल में नियुक्ति भइल।

 

का घोष से पूछताछ भइल रहे?

याचिका के सुनवाई करत मुख्य न्यायाधीश टीएस शिवाग्नम के नेतृत्व में एगो डिवीजन पीठ जांच में कुछ गायब होखे के बात कहलस आ पूछलस कि का मेडिकल कॉलेज के तत्कालीन प्रिंसिपल संदीप घोष के बयान दर्ज बा, जवना पs राज्य के वकील नकारात्मक जवाब देले ।

पीठ में जस्टिस हिरणमोय भट्टाचार्य भी शामिल बाड़े। हाईकोर्ट आगे कहलस कि जदी प्रिंसिपल नैतिक जिम्मेदारी लेके इस्तीफा दे देले रहले तs उनका के कवनो अउरी सरकारी कॉलेज के प्रिंसिपल कइसे नियुक्त कइल जा सकता। संगही, अदालत आज दुपहरिया तीन बजे तक छुट्टी के आवेदन जमा करावे के आदेश देलस। संगही कहलस कि जदी ऊ अइसन ना करीहे तs कोर्ट उनका के ए पद से हटे के आदेश दिही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.