Whatsapp चलावे वाला करोड़न लोग खातीर बड़ खतरा, आरबीआई जारी कइलस चेतावनी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2025

आरबीआई यानी भारतीय रिजर्व बैंक देश के सभ जनता के चेतावनी जारी कईले बा। रिजर्व बैंक लोग के टेक्स्ट मैसेज भेजत बा आ ओह लोग से सावधान रहे के कहत बा. इs चेतावनी खास तौर

Share

RBI

आरबीआई यानी भारतीय रिजर्व बैंक देश के सभ जनता के चेतावनी जारी कईले बा। रिजर्व बैंक लोग के टेक्स्ट मैसेज भेजत बा आ ओह लोग से सावधान रहे के कहत बा. इs चेतावनी खास तौर पs ओ लोग खातीर बा, जवन कि व्हाट्सएप के इस्तेमाल करेले।  जईसे की हमनी के सब केहू जानत बानी जा कि देश में साइबर धोखाधड़ी अवुरी साइबर संकट के मामला तेजी से बढ़ रहल बा।  केंद्र सरकार के संगे सभ राज्य के सरकार भी साइबर धोखाधड़ी के मामला पs लगाम लगावे खातीर अपना क्षमता के मुताबिक पूरा प्रयास करतिया। बाकिर, जब ले हमनी के खुद सतर्क ना होखब जा तब ले साइबर धोखाधड़ी के मामला कम ना होई।

भारतीय रिजर्व बैंक अपना चेतावनी में का कहलस


साइबर अपराध करे वाला अपराधी लगातार नया तरीका से लोग के धोखा देत बाड़े।  एही क्रम में डिजिटल गिरफ्तारी के बहुत मामला भी सोझा आ रहल बा।  भारतीय रिजर्व बैंक डिजिटल गिरफ्तारी के लेके जनता से सावधान रहे के गोहार लगावत चेतवले बा।  रिजर्व बैंक अपना संदेश में लिखले बा कि का रउरा के डिजिटल गिरफ्तारी के धमकी दिहल जा रहल बा?  कानून में डिजिटल गिरफ्तारी जईसन कुछूओ नईखे।  निजी भा वित्तीय जानकारी ना साझा करीं ना पइसा दीं.  मदद खातिर 1930 पs फोन करीं।

देश में डिजिटल गिरफ्तारी के मामला तेजी से बढ़ रहल बा

बता दीं कि अपराधी लोग के व्हाट्सएप पs वीडियो कॉल कs के डिजिटल गिरफ्तारी के धमकी देके भारी रकम के वसूली करत बाड़े।  डिजिटल गिरफ्तारी जईसन अपराध के चलते लोग के ना खाली करोड़ों रुपया के नुकसान भईल बा बालुक डर के चलते कुछ लोग के जान भी गंवा चुकल बा।  आरबीआई साफ-साफ कहले बिया कि भारतीय कानून में डिजिटल गिरफ्तारी नाम के कवनो बात नईखे।  अगर केहू रउरा के व्हाट्सएप भा कवनो दोसर वीडियो कॉल एप्लीकेशन पs फोन कs के डिजिटल तरीका से गिरफ्तार करे के धमकी देत ​​बा तs सबसे पहिले ओकर फोन काट के साइबर क्राइम सेंट्रल हेल्पलाइन नंबर 1930 पs फोन कs के पूरा जानकारी दीं.

इहो पढ़ीं: का शिल्पा शिरोडकर के बहिन नम्रता- महेश बाबू से चल रहल बा अनबन? एक्ट्रेस बतवली सच


खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.