[the_ad_group id="30365"]

Student Protest : असम के मंत्री केशव महंत के बेटी दिबिशा छात्र प्रदर्शन में भइली सामिल, नीट विवाद पs उठवली आवाज

Dibisha Mahanta NEET Student Protest Assam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्र्रल डेस्क। असम में नीट-यूजी परीक्षा विवाद के खिलाफ हो रहल छात्र प्रदर्शन के बीच राज्य सरकार के मंत्री केशव महंत के बेटी दिबिशा महंत चरचा के केंद्र बन गइल बाड़ी। गुवाहाटी के चाचल इलाका में आयोजित शांतिपूर्ण प्रदर्शन में ऊ छात्रन के संगे सामिल भइली आ केंद्रीय शिक्षा मंत्री के इस्तीफा के मांग के समर्थन कइली। एह प्रदर्शन के वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा।

छात्रन के संगे सड़क पs उतरली दिबिशा महंत

दिबिशा महंत प्रदर्शन के दौरान छात्रन के संगे तख्ती पकड़ले नारा लगावत नजर अइली। प्रदर्शनकारी कथित नीट-यूजी परीक्षा अनियमितता के निष्पक्ष जांच आ जिम्मेदार लोगन पs कार्रवाई के मांग करत रहे लाेग। दिबिशा के एह डेग के लेके सोशल मीडिया पs तरे-तरे के प्रतिक्रिया देखे के मिल रहल बा।

राजनीतिक गलियारा में बढ़ल चरचा

दिबिशा महंत के पिता केशव महंत असम सरकार में वरिष्ठ मंत्री बाड़ें आ एनडीए गठबंधन के अहम नेता मानल जालें। एह कारण सत्ताधारी गठबंधन से जुड़ल परिवार के सदस्य के विरोध प्रदर्शन में सामिल होखे से राजनीतिक चरचा तेज हो गइल बा।

मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा के प्रतिक्रिया

मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा कहलें कि सरकार छात्रन के शांतिपूर्ण विरोध करे के अधिकार के पूरा सम्मान करेले। उनका मोताबिक, केंद्र सरकार पूरा ममिला पs गंभीरता से नजर रखले बिया। संगही ऊ असम में बाढ़ से बनल गंभीर इस्थिति के जिकिर करत जनता से प्राकृतिक आपदा पs धेयान देवे के अपील कइलें।

छात्रन के ई प्रदर्शन पूरा तरे शांतिपूर्ण रहल। पुलिस सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइले रहे आ कहीं से कवनो अप्रिय घटना के सूचना सामने ना आइल।

Read Also: Google Chrome New Update : वेबसाइट के बार-बार नोटिफिकेशन पॉप-अप से मिली राहत, एंड्रॉयड यूजर्स खातिर आ रहल बा नया UI

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]