धनतेरस 2024: समृद्धि आ सौभाग्य के पर्व, जानीं एकरा बारे मे कुछ खास

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2024

दिवाली से पहिले के प्रमुख त्योहार में से एगो धनतेरस 2024 में 29 अक्टूबर के मनावल जाई। धन आ समृद्धि के देवी लक्ष्मी आ स्वास्थ्य के देवता धन्वंतरी के पूजा खातिर हिन्दू धर्म में एह

Share

दिवाली से पहिले के प्रमुख त्योहार में से एगो धनतेरस 2024 में 29 अक्टूबर के मनावल जाई। धन आ समृद्धि के देवी लक्ष्मी आ स्वास्थ्य के देवता धन्वंतरी के पूजा खातिर हिन्दू धर्म में एह दिन के खास महत्व बा।

 धनतेरस के महत्व

धनतेरस के धन त्रयोदशी भी कहल जाला, आ कार्तिक महीना के त्रयोदशी तिथि के मनावल जाला। मानल जाला कि एह दिन कवनो नया सामान खास कर के बरतन, सोना, चांदी भा गहना खरीदल शुभ होला। एकरा के धन अउरी सौभाग्य में बढ़ोतरी के निशानी के रूप में देखल जाला।

 पूजा के शुभ समय

2024 में धनतेरस के शुभ समय शाम 6:20 बजे से 8:10 बजे तक होई। एह दौरान देवी लक्ष्मी, धन्वंतरी भगवान आ कुबेर के पूजा करके घर में सुख आ समृद्धि के आह्वान कइल जा सकेला।

 परंपरा आ रीति-रिवाज के बारे में

बहुत लोग धनतेरस पऽ लोग घर के सफाई आ घर के प्रवेश द्वार पऽ रंगोली बनावेले। साथ ही देवी लक्ष्मी आ धन्वंतरी भगवान के स्वागत खातिर दीप से घर के सजावल जाला । लोग एह दिन नया बर्तन, सोना, चांदी भा गहना खरीदेला, जेहसे कि आवे वाला साल में धन आ सौभाग्य बढ़ेला।

 2024 खातिर बाजार के विशेष रुझान

एह साल धनतेरस का मौका पर बाजारन में सोना चाँदी के खास मांग लउकत बा। गहना निर्माता अउरी खुदरा स्टोर धनतेरस खातिर विशेष ऑफर आ नाया डिजाइन कलेक्शन लॉन्च कइले बा। इलेक्ट्रॉनिक्स, घर के सामान, आ ऑटोमोबाइल क्षेत्र में भी बढ़िया बिक्री के उमेद बा।

 धनतेरस स्वास्थ्यो के प्रतीक हऽ

आयुर्वेद के देवता मानल जाए वाला धनतेरस के दिन भगवान धन्वंतरी के जनम भइल रहे। एही से एह दिन लोग सुस्वास्थ्य के कामना करत विशेष पूजा करेला।

एह धनतेरस पर सभका के शुभकामना! आईं हमनी के एह परब के मनाईं जा आ समृद्धि आ सुख के आह्वान करीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.