Deoria: ऑनलाइन गेम में बाजी हार गइला पऽ कक्षा छह के छात्र कइलस खुदकुशी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

इलाका के पोखरभिंडा गांव निवासी छठवीं कक्षा के छात्रा नितिन शर्मा के लाश शुक के सांझ कमरा में पंखा से लागल पाश से लटकत मिलल। बतावल जाता कि ऑनलाइन गेम में करीब 2.5 लाख रुपया

Share

इलाका के पोखरभिंडा गांव निवासी छठवीं कक्षा के छात्रा नितिन शर्मा के लाश शुक के सांझ कमरा में पंखा से लागल पाश से लटकत मिलल। बतावल जाता कि ऑनलाइन गेम में करीब 2.5 लाख रुपया के नुकसान के चलते उऽ कुछ दिन तक डिप्रेशन में रहले। पोखरभिंडा गांव निवासी अंगद शर्मा के बेटा नितिन शर्मा (15) सांझ के घर में रहले, जबकि उनकर दादी अउरी माई कवनो काम खातिर भलुआनी गइल रहली। बाजार से दादी आ माई जब घरे लवटली तऽ भीतर से दरवाजा बंद रहे। आवाज लगवला के बाद भी नितिन ना तऽ कवनो जवाब देले, ना दरवाजा खोलले। कई बेर फोन कइला के बादो जब कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल तऽ दरवाजा तुड़ल गइल। एकरा बाद जब लोग घर में घुसल तऽ नितिन के लाश साड़ी के पाश के मदद से कमरा में पंखा से लटकल मिलल। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पऽ पहुंच के पंचनामा भर के लाश परिवार के सौंप देलस। हालांकि सीओ आदित्य कुमार गौतम कहले कि मामला उनका संज्ञान में नईखे। निरीक्षक भलुआनी रामज्ञा सिंह बतवले कि परिवार ना चाहत रहे कि पोस्टमार्टम होखे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.