Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोर्ट से सीएम केजरीवाल के बड़ झटका, एह तारीख के अदालत में पेश होखे के आदेश

361

दिल्ली शराब घोटाला के मामिला में दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के परेशानी बढ़त जाता। ईडी समन के अनदेखी करे वाला सीएम केजरीवाल के कोर्ट से बड़हन झटका लागल बा। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट केजरीवाल के समन जारी कs के कोर्ट में पेश होखे के आदेश देले बिया। बता दीं कि अब तक दिल्ली के सीएम केजरीवाल के प्रवर्तन निदेशालय के ओर से 5 समन जारी हो चुकल बा लेकिन उs अबे ले पूछताछ खातीर तइयार नईखन भईल।

एह तारीख के हाजिर होखे के आदेश

दिल्ली शराब घोटाला के मामिला में 5 बेर समन के बावजूद दिल्ली के सीएम केजरीवाल के हाजिर ना होखे के खिलाफ ईडी के ओर से राउस एवेन्यू कोर्ट में याचिका दायर भईल। एह मामिला में कोर्ट बुध का दिने आपन फैसला सुनवले बिया. कोर्ट दिल्ली के सीएम केजरीवाल के 17 फरवरी के कोर्ट में पेश होखे के आदेश देले बिया।

आप के बयान समन पs आईल बा

राऊस एवेन्यू कोर्ट के ओर से दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के भेजल नोटिस पs आप के बयान सामने आईल बा। पार्टी कहले बिया कि हमनी के कोर्ट के आदेश के अध्ययन करतानी। एकरा बाद हमनी के कानून के मुताबिक कार्रवाई करब। पार्टी के कहनाम बा कि हम कोर्ट के बता देब कि कइसे सभ ईडी समन गैरकानूनी रहे।

वकील केजरीवाल के ओर से ना गईले

आज जब ईडी के अधिकारी कोर्ट पहुंचले तs जज साहब पूछले कि का उनुका लगे अवुरी कवनो सबमिशन बा, जवना पs ईडी के अधिकारी कहले कि उs लोग आपन तर्क दे चुकल बाड़े। अगर कवनो सफाई बा तs ASG SV राजू VC के संगे जुड़ जईहे। जानकारी के मुताबिक आज अरविंद केजरीवाल के ओर से कवनो वकील अदालत में पेश ना भईल। एकरा बाद साँझ चार बजे एसीएमएम दिव्या मल्होत्रा ​​अपना फैसला के फैसल कइली।

आप नेता आतिशी आरोप लगवले

दिल्ली के मंत्री आतिशी के कहनाम बा कि, “भाजपा अवुरी पीएम मोदी अरविंद केजरीवाल के खतम कईल चाहतारे। अब उs लोग साफ कs देले बाड़े कि बिना कवनो केस चाहे ईसीआईआर के छापामारी कईल जाता।” का ईs प्रीमियर इन्वेस्टिगेशन एजेंसी हs?…आज ईडी के इस्तेमाल खाली ओह लोग के (भाजपा) राजनीतिक प्रतिद्वंद्वियन के खतम करे खातिर हो रहल बा आ एह सूची में अरविंद केजरीवाल नंबर वन बाड़े।

 

 

731090cookie-checkकोर्ट से सीएम केजरीवाल के बड़ झटका, एह तारीख के अदालत में पेश होखे के आदेश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.