Delhi Pollution : प्रदूषण के चलते दिल्ली सरकार के बड़ एलान; मजदूरन के मिली ₹10,000 के मुआवजा, दफ्तरन में 50% वर्क फ्रॉम होम

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2025

नई दिल्ली। दिल्ली-एनसीआर इलाका में बढ़त वायु प्रदूषण के चलते राष्ट्रीय राजधानी में ग्रैप (GRAP) के चउथा चरण लागू बा। हालात गंभीर होखत देख के दिल्ली सरकार प्रभावित मजदूरन के आर्थिक मदद देवे के अहम

Share

"Delhi government announces Rs 10000 compensation for workers amid severe air pollution GRAP 4"

नई दिल्ली। दिल्ली-एनसीआर इलाका में बढ़त वायु प्रदूषण के चलते राष्ट्रीय राजधानी में ग्रैप (GRAP) के चउथा चरण लागू बा। हालात गंभीर होखत देख के दिल्ली सरकार प्रभावित मजदूरन के आर्थिक मदद देवे के अहम फैसला कइले बिया। पंजीकृत मजदूरन के ₹10,000 के आर्थिक सहायता सीधे ओह लोगन के बैंक खाता में भेजल जाई।

प्रदूषण के स्तर खतरनाक रूप ले ले लिहला के बाद, ग्रैप-4 के तहत कई गो सख्त कदम उठावल गइल बा। दिल्ली सरकार सभी सरकारी आ निजी दफ्तरन में 50 प्रतिशत कर्मचारी खातिर वर्क फ्रॉम होम के व्यवस्था अनिवार्य कइले बा।

दिल्ली सरकार के मंत्री कपिल मिश्रा एह बात के पुष्टि करत कहलन कि ग्रैप-4 लागू बा आ सरकार मजदूरन के परेशानी के समझतिया। ऊ बतवलन कि पंजीकृत मजदूरन के ₹10,000 के वित्तीय सहायता दिहल जाई। ई राशि सीधे उनका खाता में ट्रांसफर कइल जाई, ताकि एह मुश्किल समय में मजदूर आपन रोजी-रोटी चला सकी लोग। एह पहल के मकसद ओह दिहाड़ी मजदूरन के राहत देवे के बा जेकर कमाई प्रदूषण के चलते काम बंद होखला से प्रभावित भइल बा।

एयर क्वालिटी अर्ली वार्निंग सिस्टम फॉर दिल्ली के मोताबिक, बुध के दुपहरिया में वायु गुणवत्ता सूचकांक (AQI) 326 दर्ज कइल गइल, जवन हवा के “बेहद खराब” श्रेणी में आवेला।

Read Also: Gorahpur Ayush University : ऑडिटोरियम में बनी डिजिटल संग्रहालय, दुर्लभ आयुर्वेदिक औषधियन के होई संरक्षण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.