[the_ad_group id="30365"]

Delhi News : संवैधानिक प्रमुखन पs आपत्तिजनक पोस्ट के ममिला, दिल्ली पुलिस ‘X’ से मंगलस अकाउंट धारक के पूरा जानकारी

Delhi Police seeks details from X over alleged defamatory and offensive content targeting constitutional authorities
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली। संवैधानिक प्रमुखन के खिलाफ सोशल मीडिया पs कथित तौर पs अपमानजनक, दुर्भावनापूर्ण आ मानहानिकारक सामग्री प्रसारित करे के ममिला अब गंभीर हो गइल बा। दिल्ली पुलिस एह मामिला में सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘X’ के पत्र लिखके कथित पोस्ट आ वीडियो से जुड़ल पूरा जानकारी मंगले बिया। पुलिस प्लेटफॉर्म से विवादित कंटेंट हटावे के संगे संबंधित अकाउंट धारक के पहचान आ तकनीकी विवरण उपलब्ध करावे के कहले बिया।

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि शिकायत में आरोप लगावल गइल बा कि सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs संवैधानिक पद पs बइठल प्रमुख लोगन के निशाना बनावत आपत्तिजनक आ मानहानिकारक सामग्री साझा कइल जा रहल बा। एह मामिला के जांच खातिर पुलिस ‘X’ से कइयन गो जरूरी जानकारी उपलब्ध करावे के मांग कइले बिया।

कथित पोस्ट आ वीडियो हटावे के मांग

दिल्ली पुलिस ‘X’ से कहले बिया कि शिकायत में जवन कथित पोस्ट भा वीडियो के जिकिर बा, ओकर जांच कs के जरूरत के मोताबिक ओकरा के प्लेटफॉर्म से जल्दी हटावल जावs। पुलिस एह सामग्री के आगे प्रसार रोके खातिर जरूरी कार्रवाई करे के बात कहले बिया।

अकाउंट धारक के नाम-पता सहित पूरा ब्योरा मांगल गइल

पुलिस संबंधित ‘X’ अकाउंट चलावे वाला व्यक्ति के पूरा जानकारी मंगले बिया। एमे कथित तौर पs अकाउंट धारक के-

  • पूरा नाम
  • पता
  • मोबाइल भा संपर्क विवरण
  • ईमेल आईडी
  • लॉगिन आ लॉगआउट के जानकारी
  • तारीख आ समय के डिजिटल रिकॉर्ड

सामिल बा। पुलिस के कहनाम बा कि एह जानकारी से पोस्ट करे वाला व्यक्ति के पहचान आ घटना के जांच में मदद मिल सकेला।

डिजिटल सबूत सुरक्षित रखे के निरदेस

दिल्ली पुलिस ‘X’ से कथित पोस्ट, वीडियो आ ओकरा से जुड़ल तकनीकी जानकारी के सुरक्षित रखे के कहले बिया, ताकि जांच के दौरान डिजिटल सबूत उपलब्ध रह सको। पुलिस एह मामिला से जुड़ल बाकी जरूरी जानकारियो प्लेटफॉर्म से मंगले बिया।

संगही, भारतीय साक्ष्य अधिनियम (BSA) के धारा 63(4) के तहत जरूरी प्रमाणपत्र उपलब्ध करावे के मांग कइल गइल बा। एह प्रमाणपत्र के डिजिटल साक्ष्य के कानूनी प्रक्रिया में इस्तेमाल खातिर महत्वपूर्ण मानल जाला।

केरल में आपत्तिजनक टिप्पणी के ममिला दर्ज

दूसरका ओर, केरल में कथित आपत्तिजनक टिप्पणी के ममिला सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, तिरुवनंतपुरम साइबर पुलिस आरएसएस नेता टीजी मोहनदास के खिलाफ ममिला दर्ज कइले बिया।

उनका खिलाफ आरोप बा कि दिल्ली के जंतर-मंतर पs नीट प्रश्न पत्र लीक के विरोध में प्रदर्शन करे वाला छात्रन के बारे में कथित तौर पs अपमानजनक टिप्पणी कइल गइल। एह टिप्पणी के खिलाफ शिकायत मिलला के बाद साइबर पुलिस ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कइले बिया।

जांच के बाद आगे के कार्रवाई

दिल्ली पुलिस अब ‘X’ से मिले वाला जानकारी के आधार पs मामिला के जांच आगे बढ़ाई। पुलिस ई पता लगावे के कोसिस करी कि कथित कंटेंट केकरा द्वारा पोस्ट कइल गइल, कवन अकाउंट से साझा भइल आ एकर प्रसार कइसे भइल। जांच पूरा होखला के बाद कानूनी प्रावधान के अनुसार आगे के कार्रवाई कइल जा सकेला।

Read Also: Jharkhand News : ₹1 करोड़ के इनामी नक्सली मिसिर बेसरा गिरफ्तार, जानीं चार राज्य में दहशत फइलावे वाला माओवादी कमांडर के कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]