Delhi Encounter: मयूर विहार में दिल्ली पुलिस कइलस एनकाउंटर, अर्श डल्ला गैंग के दु शूटर मुठभेड़ के बाद दबोचले

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 27, 2023

  कनाडा के खालिस्तानी आतंकी आर्षदीप दल्ला के गिरोह के सदस्यन से पुलिस के मुठभेड़ अतवार आ सोमार के बीच के रात दिल्ली के मयूर विहार इलाका में भइल केस पंजाब में भइल रहे। उ

Share

 

कनाडा के खालिस्तानी आतंकी आर्षदीप दल्ला के गिरोह के सदस्यन से पुलिस के मुठभेड़ अतवार आ सोमार के बीच के रात दिल्ली के मयूर विहार इलाका में भइल केस पंजाब में भइल रहे। उ लोग एगो पंजाबी गायक पs हमला करे के योजना बनवले रहुवे, स्पेशल सेल दुनु जने के पकड़ लिहले बा, एगो अपराधी के गोड़ में गोली लागल बा

पुलिस के गुप्त जानकारी मिलला के बाद गुंडा अर्शदीप सिंह दल्ला, राजप्रीत सिंह राजा अवुरी वीरेंद्र सिंह विम्मी के दुगो शार्पशूटर के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। मुठभेड़ के बाद अक्षरधाम मंदिर रोड स्थित मयूर विहार के समाचार अपार्टमेंट के नजदीक दुनो लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल। मुठभेड़ के दौरान शार्पशूटर पांच गोली चलवले।

पुलिस के कहनाम बा कि पुलिसकर्मी के दु गोली लागल बा। जवाबी कार्रवाई के दौरान पुलिस टीम 6 राउंड फायर कईलस। ए मुठभेड़ के दौरान शार्पशूटर वीरेंद्र सिंह के दाहिना गोड़ में गोली लाग गईल। जवना के चलते उs घायल हो गईले। मुठभेड़ के बाद दुनो आरोपी के एलबीएस अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि मुठभेड़ के दौरान आरोपी के लगे से दु बंदूक अवुरी 13 जिंदा कारतूस बरामद भईल बा। एकरा अलावे एगो चोरी के बाइक भी बरामद भईल बा। दिल्ली पुलिस अलग-अलग धारा के तहत मामिला दर्ज कईले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि साल 2023 में ए दुनो शार्पशूटर के पंजाबी गायक एली मांगट के हत्या के काम आर्षदीप दल्ला के ओर से दिहल गईल रहे। लेकिन इ दुनो मिशन सफल ना भईल| काहे कि घर में ना मिलल रहे। इs मामिला पंजाब के भटिंडा के हs।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.