दिल्ली में पुलिस कांस्टेबल के दर्दनाक मौत, कार से टक्कर मार 10 मीटर तक घसीटलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2024

शनिचर का देर रात बाहरी दिल्ली में भइल एगो दुखद घटना में एगो कार चालक कथित तौर पs मोटरसाइकिल सवार सिपाही संदीप (30) के टक्कर मार के करीब दस मीटर ले घसीटत ले गइल जवना

Share

शनिचर का देर रात बाहरी दिल्ली में भइल एगो दुखद घटना में एगो कार चालक कथित तौर पs मोटरसाइकिल सवार सिपाही संदीप (30) के टक्कर मार के करीब दस मीटर ले घसीटत ले गइल जवना का बाद उनकर मौत हो गइल। ई घटना वीना एन्क्लेव के लगे सबेरे करीब 2.15 बजे भइल जब संदीप नांगलोई थाना से रेलवे रोड के ओर जात रहले।

सिपाही कार चालक के लापरवाही से गाड़ी ना चलावे के चेतावनी देले रहले, जेकरा बाद चालक गाड़ी के गति बढ़ा के पीछे से मोटरसाइकिल के टक्कर मार के उनका के घसीटत रहले। गंभीर चोट लगला के बाद संदीप के सोनिया अस्पताल आ ओकरा बाद बालाजी अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां उनका के मृत घोषित कऽ दिहल गईल।

पुलिस बयान के मुताबिक घटना के सीसीटीवी फुटेज से पता चलता कि संदीप कार चालक के गति कम करे के संकेत देले रहले, जवना के बाद चालक उनका के टक्कर मार देलस। एह घटना में हत्या के मामला दर्ज हो चुकल बा अउरी दु संदिग्ध फरार बाड़े। संदीप के परिवार में उनकर महतारी, पत्नी आ पांच साल के बेटा बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.