दिल्ली में लॉरेंस रोड पs बनल जूता फैक्ट्री में भीषण आग, दमकल के 14 गो गाड़ी मौक़ा पs मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2025

दिल्ली के केशवपुरम इलाका में लॉरेंस रोड पs स्थित एगो फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल जवना से भारी नुकसान भइल. आग पs काबू पावे खातिर मौका पs 14 फायर इंजन मौजूद बा। जवना फैक्ट्री

Share

दिल्ली में लॉरेंस रोड पs बनल जूता फैक्ट्री में भीषण आग

दिल्ली के केशवपुरम इलाका में लॉरेंस रोड पs स्थित एगो फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल जवना से भारी नुकसान भइल. आग पs काबू पावे खातिर मौका पs 14 फायर इंजन मौजूद बा। जवना फैक्ट्री में आग लागल रहे उs एचडीएफसी बैंक के नजदीक बा। एह घटना में अबहीं ले कवनो तरह के जानमाल भा घवाहिल होखे के खबर नइखे. आग लगभग काबू में हो चुकल बा। बाकिर आग एक फैक्ट्री से दुगो अवरू फैक्ट्री में फैल गईल बा। अबे ले एs घटना में केहु के घाही होखे के कवनो जानकारी नईखे मिलल। सबेरे के समय हो गईल रहे अउरी फैक्ट्री बंद हो गईल रहे।

आग लगले के घटना सबेरे 7 बजे के करीब भईल दमकलकर्मी के एह बारे में जानकारी साँझ साढ़े सात बजे मिलल. एकरा बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी मौका पs पहुंच के आग बुझावे लगले। जवन फैक्ट्री में आग लागल बा। ई सी- 6/12 बिल्डिंग पs स्थित बा। अबे ले आग लागे के पीछे के कारण के पता नईखे चलल। घटना के एगो वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में इमारत से धुआं उठत देखल जा सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.