अरविंद केजरीवाल के मिली जमानत? आज सुप्रीम कोर्ट सुनाई अहम फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 13, 2024

    सीबीआई मामिला में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के जमानत याचिका पs सुप्रीम कोर्ट शुक के दिने आपन फैसला दी. एकरा अलावे सुप्रीम कोर्ट गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका पs भी आपन

Share

केजरीवाल के जमानत पs फैसला आजु: फोटो

 

 

सीबीआई मामिला में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के जमानत याचिका पs सुप्रीम कोर्ट शुक के दिने आपन फैसला दी. एकरा अलावे सुप्रीम कोर्ट गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका पs भी आपन फैसला दिही। न्यायमूर्ति सूर्य कांत आ न्यायमूर्ति उज्जल भुईयां के पीठ आजु सबेरे साढ़े दस बजे के बाद फैसला दे सकेले. बता दीं कि ईडी केस में केजरीवाल के जमानत मिल चुकल बा अवुरी सीबीआई केस में सीएम केजरीवाल जेल में बाड़े, जवना पs फैसला आज आई।

कोर्ट एs फैसला के सुरक्षित रखले रहे

केजरीवाल के दू गो याचिका पs न्यायमूर्ति सूर्य कांत आ न्यायमूर्ति उज्जल भुईयां के पीठ आपन फैसला दी. पहिला, सीबीआई मामला में दायर जमानत याचिका पs अवुरी दूसरा गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका पs फैसला आई। एs मामला के आखिरी सुनवाई 5 सितंबर के भईल रहे, जवना में न्यायमूर्ति सूर्य कांत अवुरी न्यायमूर्ति उज्जल भुईयां के पीठ सभ पक्ष के तर्क सुनला के बाद आपन फैसला सुरक्षित रखले रहे। कोर्ट केजरीवाल के राहत देवे के संकेत देले रहे। हालांकि कोर्ट इहो कहले रहे कि दुनो पक्ष के सुनवाई के बाद ही उs आपन फैसला दिही।

सीबीआई कवन दलील दिहलस?

एकरा संगे सीबीआई कहलस कि शराब घोटाला के मुख्य आरोपी केजरीवाल बाड़े। उनुका खिलाफ सबूत बा। केजरीवाल साँप आ सीढ़ी के खेल खेल रहल बाड़े। सीबीआई के गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका सही नईखे। कवनो संवैधानिक अधिकार के हनन नइखे भइल। जांच के आधार पs मजिस्ट्रेट गिरफ्तारी के मंजूरी दे देले रहले। केजरीवाल के 21 मार्च के ईडी गिरफ्तार कईले रहे, तब से उs जेल में बाड़े। हालांकि लोकसभा चुनाव से पहिले उनुका के प्रचार खातीर तीन सप्ताह के जमानत मिल गईल रहे।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.