Delhi Liquor Scam: सीएम अरविंद केजरीवाल के कवनो राहत नइखे, न्यायिक हिरासत 8 अगस्त तक बढ़ावल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2024

राउस एवेन्यू कोर्ट दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के न्यायिक हिरासत बढ़ा दिहलस। अब एह मामिला के सुनवाई 8 अगस्त के होखी। दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के परेशानी कम नइखे होखत। दिल्ली शराब घोटाला

Share

राउस एवेन्यू कोर्ट दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के न्यायिक हिरासत बढ़ा दिहलस। अब एह मामिला के सुनवाई 8 अगस्त के होखी।

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के परेशानी कम नइखे होखत। दिल्ली शराब घोटाला से जुड़ल सीबीआई केस में राउस एवेन्यू कोर्ट मुख्यमंत्री केजरीवाल के न्यायिक हिरासत बढ़ा दिहलस। अब सुनवाई 8 अगस्त के होई। केजरीवाल के उपस्थिति तिहार जेल से वीडियो कांफ्रेंसिंग के माध्यम से भईल। सीबीआई अरविंद केजरीवाल के खुद तिहार जेल से गिरफ्तार कइले रहे।

 मनीष सिसोदिया आ के कविता के न्यायिक हिरासत में भी बढ़ोतरी भइल

सीएम केजरीवाल के अलावे पूर्व डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया आ बीआरएस नेता के कविता भी वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से कोर्ट में पेश भइल बाड़े। राउस एवेन्यू कोर्ट मनीष सिसोदिया के न्यायिक हिरासत 31 जुलाई ले बढ़ा दिहले बिया आ के कविता के भी 31 जुलाई ले।

एकरा से पहिले 12 जुलाई के कोर्ट अबकारी नीति से जुड़ल भ्रष्टाचार के मामला में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के न्यायिक हिरासत के समय शुक्रवार के 25 जुलाई तक बढ़ा देले रहे, जवना के जांच सीबीआई करतिया।

केजरीवाल के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से विशेष न्यायाधीश कावेरी बावेजा के सोझा पेश कइल गइल। उनकर न्यायिक हिरासत खतम होखला के बाद ऊ केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) आ प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के मामला में पेश भइल रहले।

दूसर ओर दिल्ली हाईकोर्ट 17 जुलाई के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के ओर से आबकारी नीति के मामला से जुड़ल भ्रष्टाचार के मामला में केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) के ओर से गिरफ्तारी के चुनौती देत दायर याचिका पs आपन फैसला सुरक्षित रखले रहे।

केजरीवाल उनका गिरफ्तारी के गैरकानूनी बतवले बाड़े। सीबीआई के कहनाम बा कि, पूरा सबूत मिलला के बाद ही कानून के तहत गिरफ्तारी भइल। केजरीवाल के अंतरिम जमानत याचिका पs जस्टिस नीना बंसल कृष्ण भी आदेश सुरक्षित रखले बाड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.