दिल्ली हाईकोर्ट के मिलल बम से उड़ावे के धमकी, पुलिस बढ़ईलस सुरक्षा व्यवस्था

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2024

  दिल्ली हाईकोर्ट परिसर में बम के धमकी मिलला के बाद सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। जानकारी के मुताबिक दिल्ली हाईकोर्ट के महारजिस्ट्रार के ईमेल के माध्यम से बम के धमकी मिलल रहे। एs मामिला

Share

 

दिल्ली हाईकोर्ट परिसर में बम के धमकी मिलला के बाद सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। जानकारी के मुताबिक दिल्ली हाईकोर्ट के महारजिस्ट्रार के ईमेल के माध्यम से बम के धमकी मिलल रहे। एs मामिला के जानकारी मिलते दिल्ली पुलिस पूरा कोर्ट परिसर के जांच कईलस अवुरी गेट पs अतिरिक्त सुरक्षा बल के तैनात कs देलस।

ईमेल के माध्यम से मिलल धमकी

ए मामिला के बारे में दिल्ली पुलिस के एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि बुध के दिल्ली हाईकोर्ट के महारजिस्ट्रार के आधिकारिक खाता में एगो ईमेल आईल। बलवंत देसाई नाम के एगो आदमी के ओर से 12 फरवरी के दिल्ली हाईकोर्ट के महारजिस्ट्रार जनरल के भेजल ईमेल में चेतावनी दिहल गईल रहे कि बियफ़ें के बम विस्फोट होई अवुरी इs दिल्ली के सबसे बड़ विस्फोट होई।ईमेल में लिखल बा कि, दिल्ली में इs सबसे बड़ धमाका होई। मंत्री जी के भी बोललस, सब उड़ जाई।”

दिल्ली पुलिस के लिखल चिट्ठी 

एह ईमेल के गंभीरता से लेके अधिकारी सुरक्षा बढ़ा दिहले बाड़न। ईमेल के बाद हाईकोर्ट के अधिकारी दिल्ली पुलिस आयुक्त संजय अरोड़ा के चिट्ठी लिखले बाड़े। चिट्ठी में कहल गइल बा कि हाईकोर्ट के सक्षम प्राधिकारी एह मामिला के गंभीरता से लिहले बा आ आयुक्त से हाईकोर्ट परिसर में आ ओकरा आसपास सुरक्षा बढ़ावे के निहोरा कइले बा। हाईकोर्ट के अधिकारी ए मामिला के विस्तृत जांच अवुरी जल्दी से जल्दी रिपोर्ट देवे के मांग कईले बाड़े।

गेट समेत हर जगह सुरक्षा बढ़ गईल

दिल्ली हाईकोर्ट बार एसोसिएशन के अध्यक्ष आ वरिष्ठ अधिवक्ता मोहित माथुर कहले कि हाईकोर्ट के बहरी पहिले भईल बम विस्फोट के देखत अधिकारी कवनो जोखिम नईखन उठावल चाहत अवुरी सुरक्षा कड़ा कs दिहल गईल बा। उs कहले कि कोर्ट के कामकाज में कवनो बाधा नईखे अवुरी बार के सदस्य सहयोग करतारे। माथुर कहले कि कोर्ट परिसर में आवे वाला लोग के पहचान पत्र के जांच कईल जाता। बार एसोसिएशन के कर्मचारी भी प्रवेश द्वार पs खड़ा होके बार सदस्य के पहचान कईले बाड़े।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.