Delhi Cracker Ban 2023: पटाखन पs एहु साल जारी रही बैन, दिल्ली सरकार जारी कइलस इ निर्देश

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2023

  दिल्ली सरकार जाड़ा के प्रदूषण पs लगाम लगावे के एक्शन प्लान के तहत पटाखा के निर्माण, बिक्री, भंडारण अवुरी इस्तेमाल पs रोक लगा देले बिया। राजधानी दिल्ली में पटाखा के बिक्री अवुरी जरे पs

Share

 

दिल्ली सरकार जाड़ा के प्रदूषण पs लगाम लगावे के एक्शन प्लान के तहत पटाखा के निर्माण, बिक्री, भंडारण अवुरी इस्तेमाल पs रोक लगा देले बिया। राजधानी दिल्ली में पटाखा के बिक्री अवुरी जरे पs रोक ए साल दिवाली के दिन भी जारी रही। दिल्ली सरकार दिल्ली पुलिस के इ निर्देश जारी कईले बिया।

पिछला कई साल से वायु प्रदूषण के देखत पटाखा पs रोक लगा दिहल गईल बा। दिल्ली सरकार पड़ोसी राज्यन से भी गोहार लगवले बिया कि पटाखा बेचे पs रोक लगावल जाव। दिल्ली सरकार कहलसि कि ऊ जाड़ा के प्रदूषण पs लगाम लगावे खातिर एगो कार्य योजना के तहत पटाखा बनावे, बिक्री, भंडारण आ इस्तेमाल पs रोक लगा दिहले बिया।

दिल्ली सरकार दिल्ली पुलिस के निर्देश जारी क दिहले बिया कि केहू के पटाखा से जुड़ल लाइसेंस ना दिहल जाव. बता दीं कि राजधानी दिल्ली में पिछला साल भी पटाखा प रोक लगा दिहल गईल रहे।

एकर एलान करत दिल्ली के पर्यावरण मंत्री गोपाल राय कहले कि पड़ोसी राज्य से भी पटाखा पs रोक लगावे के अपील कईल गईल बा। जाड़ा के मौसम में दिल्ली में बढ़त प्रदूषण अवुरी सुप्रीम कोर्ट/एनजीटी के निर्देश के देखत दिल्ली के केजरीवाल सरकार इ फैसला कईले बिया।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.