Delhi CM: रेखा गुप्ता के भइल राजतिलक, बनली दिल्ली के मुख्यमंत्री

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2025

रेखा गुप्ता आजु दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री के रूप में पद आ गोपनीयता के शपथ लेले बाड़ी. आजु दुपहरिया 12.35 बजे रेखा गुप्ता के ऐतिहासिक रामलीला मैदान में दिल्ली के उपराज्यपाल के ओर से सीएम

Share

Delhi CM: रेखा गुप्ता के भइल राजतिलक

रेखा गुप्ता आजु दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री के रूप में पद आ गोपनीयता के शपथ लेले बाड़ी. आजु दुपहरिया 12.35 बजे रेखा गुप्ता के ऐतिहासिक रामलीला मैदान में दिल्ली के उपराज्यपाल के ओर से सीएम के शपथ लिहल गईल। एह समारोह में पीएम मोदी समेत केंद्रीय मंत्री भी शामिल होईहे। एs आयोजन में एनडीए शासित 20 राज्य के सीएम अवुरी डिप्टी सीएम भी भाग लेले बाड़े। धर्म, उद्योग, फिल्म अवुरी क्रिकेट के दुनिया के हस्ती समारोह से जुड़ल खबर के अपडेट खातिर एह पेज पर बनल रहीं.

रेखा गुप्ता सीएम के शपथ लिहली

रेखा गुप्ता सीएम के शपथ लिहली। उs पहिला बेर शालीमार बाग से विधायक बनल बाड़ी। एबीवीपी में बहुत दिन ले काम कईली. उs भाजपा महिला मोर्चा के महासचिव रहल बाड़ी। शालीमार बाग से पार्षद भी चुनल गइली। उs 2022 में भाजपा के मेयर उम्मीदवार रहल बाड़ी।

डॉ. पंकज कुमार सिंह, कपिल मिश्रा, रविंद्र सिंह इंद्राज, मनजिंदर सिंह सिरसा, आशीष सूद आ प्रवेश वर्मा इs छह गो मंत्री एक-एक कs के मंत्री के शपथ लिहले। रेखा गुप्ता दिल्ली के चउथा महिला मुख्यमंत्री बाड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.