Delhi Bomb Threat: चाचा नेहरू अस्पताल के बम से उड़ावे के धमकी, मचल हड़कंप; खाली करावल गइल हॉस्पिटल परिसर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2024

Delhi Bomb Threat: गीता कॉलोनी में स्थित चाचा नेहरू अस्पताल के बम के धमकी भरल ईमेल मिलला से हड़कंप मच गइल। पुलिस अस्पताल के खाली करवा देले रहे। सूचना पs बम निरोधक दस्ता चाचा नेहरू

Share

Delhi Bomb Threat: गीता कॉलोनी में स्थित चाचा नेहरू अस्पताल के बम के धमकी भरल ईमेल मिलला से हड़कंप मच गइल। पुलिस अस्पताल के खाली करवा देले रहे। सूचना पs बम निरोधक दस्ता चाचा नेहरू अस्पताल पहुंचल बा। अस्पताल परिसर में बम के धमकी के लेके जांच कइल जा रहल बा।अस्पताल में अबही ले कुछ नइखे मिलल। एकरा बाद अब मरीजन के अस्पताल के अंदर भेजल जा रहल बा।

गीता कॉलोनी में इस्थित चाचा नेहरू अस्पताल के बम के धमकी भरल ईमेल मिलला से हड़कंप मच गइल। पुलिस अस्पताल के खाली करवा देले बिया। सूचना पs बम निरोधक दस्ता चाचा नेहरू अस्पताल पहुंचल। अस्पताल परिसर में बम के धमकी के लेके जांच कइल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, बम के धमकी भरल ई ईमेल स्टाफ के आइल रहे, जवना में अस्पताल के बम से उड़ावे के बात लिखल बा ।

एह संबंध में चाचा नेहरू बाल चिकित्सालय के निदेशक डॉ. सीमा कपूर के कहनाम बा कि इस्थिति अबहि नियंत्रण में बा। स्टाफ, डॉक्टर, बच्चन, मरीज आ तीमारदारन के अस्पताल से बाहर निकाल दिहल  गइल बा।

मौका पऽ स्थानीय पुलिस आ बम स्क्वायड के टीम कई घंटा ले जांच में जुटल रहल । अस्पताल में अबहि ले कुछ नइखे मिलल। एकरा बाद अब मरीजन के अस्पताल के भितरी भेजल जा रहल बा।

साभार – जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.