Delhi Bomb Threat: दिल्ली के दू गो स्कूलन में बम के धमकी से मचल हड़कंप, मौका पऽ पहुंचल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: May 1, 2024

Delhi Bomb Threat राजधानी दिल्ली के दू गो स्कूलन में बम के धमकी से हड़कंप मच गइल बा। सूचना पs दिल्ली पुलिस बम निरोधक दस्ता आ दमकल के गाड़ी मौका पs पहुंचल। एहतियात के तौर

Share

Delhi Bomb Threat राजधानी दिल्ली के दू गो स्कूलन में बम के धमकी से हड़कंप मच गइल बा। सूचना पs दिल्ली पुलिस बम निरोधक दस्ता आ दमकल के गाड़ी मौका पs पहुंचल। एहतियात के तौर पs दुनु स्कूल परिसर के खाली करा दिहल गइल बा आ खोज – बीन चल रहल बा। मामला में ज्यादा जानकारी के इन्तजार कइल जा रहल बा।

दिल्ली के दू गो स्कूलन के बम के धमकी मिलला से अफरा-तफरी मच गइल। पहिला मामला द्वारका में इस्थित दिल्ली पब्लिक स्कूल के हऽ। इहाँ स्कूल में बम होखे के सूचना पs दिल्ली पुलिस, बम निरोधक दस्ता आ दमकल के गाड़ी मौका पs पहुंचल। सुरक्षा के देखत स्कूल परिसर के खाली करा दिहल गइल बा आ तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा।

दूसरका मामला पूर्वी दिल्ली के मयूर विहार स्थित मदर मैरी स्कूल के हऽ। जहां आज भोरे बम के धमकी से संबंधित एगो ईमेल मिलल। एकरा बाद स्कूल के खाली करावल जा रहल बा आ स्कूल परिसर के जांच करावल जा रहल बा। मामला में ज्यादा जानकारी के इंतजार कइल जा रहल बा।

बतावे वाला बात ई बा कि ई कवनो स्कूल भा संस्थान के बम के धमकी मिले के पहिला मामला नइखे। एकरा पहिलहू अइसन मामला सामने आवत रहलऽ बा। बता दी कि बीतल बुध (30 अप्रैल के) दिल्ली के चाचा नेहरू अस्पताल के स्टाफ के बम के धमकी के ईमेल मिलल रहे। एकरा बाद दू घंटा ले अस्पताल के जांच कइल जा रहल बा,बाकिर कवनो बम नइखे मिलल।

साभार – जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.