दिल्ली विधानसभा चुनाव: आम आदमी पार्टी के उम्मीदवारन के दूसर लिस्ट जारी, मनीष सिसोदिया के सीट बदलल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 9, 2024

आम आदमी पार्टी दिल्ली विधानसभा चुनाव 2025 के उम्मीदवारन के दुसरका सूची जारी कइले बिया. एह सूची में कुल 20 गो नाम बा। सभे 20 सीट पs नाया चेहरा बा। पार्टी 21 नवंबर के पहिला

Share

आम आदमी पार्टी

आम आदमी पार्टी दिल्ली विधानसभा चुनाव 2025 के उम्मीदवारन के दुसरका सूची जारी कइले बिया. एह सूची में कुल 20 गो नाम बा। सभे 20 सीट पs नाया चेहरा बा। पार्टी 21 नवंबर के पहिला उम्मीदवार के सूची जारी कईले रहे, जवना में 11 नाम रहे। अब ले आम आदमी पार्टी कुल 31 उम्मीदवार के नाम के घोषणा कईले बिया। अगिला साल फरवरी महीना में दिल्ली विधानसभा चुनाव हो सकेला. चुनाव आयोग अबे ले चुनाव के तारीख के घोषणा नईखे कईले, बाकिर आम आदमी पार्टी पूरा जोर से चुनाव के तैयारी शुरू कs देले बिया। दिल्ली में आम आदमी पार्टी पिछला दस साल से सत्ता में बिया आ केजरीवाल जीत के हैट्रिक बनावे खातिर आपन पूरा ताकत लगावत बाड़न.

आम आदमी पार्टी के दूसर सूची में सबसे जरूरी बात इs बा कि मनीष सिसोदिया के सीट बदल गईल बा। अब ले उs पटपड़गंज विधानसभा से चुनाव लड़त रहले अवुरी जीत भी लेत रहले, लेकिन अबकी बेर उ जंगपुरा से चुनाव लड़तारे। पटपड़गंज सीट से सिसोदिया के जगह यूट्यूबर आ शिक्षक अवध ओझा के टिकट दिहल गइल बा. अवध ओझा हाल ही में आम आदमी पार्टी के हिस्सा बन गईल बाड़े।

हाजी यूनुस के टिकट कटल
आदिल अहमद खान के मुस्तफाबाद से टिकट दिहल गइल बा. विधायक हाजी यूनुस के टिकट कट गइल बा. चांदनी चौक विधानसभा विधायक प्रहलाद सिंह साहनी के बेटा पुरंदीप सिंह साहनी के टिकट दिहल गईल. एही समय कृष्णनगर के विधायक एसके बग्गा के बेटा विकास बग्गा के टिकट दिहल गईल। दिल्ली विधानसभा अध्यक्ष रामनिवास गोयल के जगह जितेंद्र सिंह शंटी के टिकट दिहल गईल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.