साइबर ठगी खातिर विदेश में सिम भेजे वाला आरोपी मंगलौर से गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

साइबर धोखाधड़ी के मामला में विदेश में सिम भेजेवाला आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेलस।  हरिद्वार के मंगलौर से आरोपी के लगे से 1816 सिम कॉर्ड बरामद भइल बा। आरोपी महिला के एगो कप सेट

Share

साइबर धोखाधड़ी के मामला में विदेश में सिम भेजेवाला आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेलस।  हरिद्वार के मंगलौर से आरोपी के लगे से 1816 सिम कॉर्ड बरामद भइल बा। आरोपी महिला के एगो कप सेट उपहार में देवे के बहाने बायोमेट्रिक मशीन के माध्यम से सिम के सक्रिय करत रहले।

एह सिम के माध्यम से विदेश में साइबर ठगन के सोशल मीडिया अकाउंट सक्रिय हो जाला। कंबोडिया आदि दक्षिण एशिया के देशन में व्हाट्सएप टेलीग्राम अकाउंट सिम के इस्तेमाल से सक्रिय होत रहे।

देश में आरोपी गिरोह के भेजल सिम के इस्तेमाल से साइबर धोखाधड़ी के 35 मामला दर्ज बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.