अरविंद केजरीवाल पs हमला, AAP प्रवेश वर्मा पs लगवलस बड़ आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 18, 2025

नई दिल्ली विधानसभा में प्रचार के दौरान अरविंद केजरीवाल पs हमला भईल। आप सूत्र इs जानकारी देके भाजपा नेता प्रवेश वर्मा के दोषी ठहरवले बाड़े। सूत्र के मुताबिक प्रवेश वर्मा के गुंडा स्थानीय लोग से

Share

अरविंद केजरीवाल पs हमला

नई दिल्ली विधानसभा में प्रचार के दौरान अरविंद केजरीवाल पs हमला भईल। आप सूत्र इs जानकारी देके भाजपा नेता प्रवेश वर्मा के दोषी ठहरवले बाड़े। सूत्र के मुताबिक प्रवेश वर्मा के गुंडा स्थानीय लोग से भी झड़प कईले। स्थानीय लोग भाजपा के गुंडा के भगा दिहले। एs घटना के एगो वीडियो सोझा आईल बा, जवना में अरविंद केजरीवाल के गाड़ी पs पत्थर गिरत देखाई देता। नई दिल्ली विधानसभा क्षेत्र में अरविंद केजरीवाल पs चुनाव प्रचार करत घरी डोर टू डोर हमला हो गईल।  आम आदमी पार्टी के कहनाम बा कि अरविंद केजरीवाल पs पथराव भईल बा।

आम आदमी पार्टी ट्वीट कs लिखले बिया कि डर के चलते भाजपा अपना गुंडा से अरविंद केजरीवाल पs हमला करवले बा। प्रचार करत घरी भाजपा उम्मीदवार प्रवेश वर्मा के गुंडा अरविंद केजरीवाल पs ईंट-पत्थर से हमला कईले अवुरी उनुका के चोट पहुंचावे के कोशिश कईले, ताकि उs प्रचार ना कs सकस। भाजपा के लोग, केजरीवाल जी आपके कायर हमला से ना डेराले, दिल्ली के जनता आपके उचित जवाब दिही।

इहो पढ़ीं: कानपुर: चाकू लेके स्टेट बैंक में घुसल बदमाश, साइकिल पs सवार होके आइल, 3 लोग घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.