DDU: 29 और 30 मार्च के आयोजित होई शोध पात्रता परीक्षा, 41 विषयन में 1200 अभ्यर्थी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2025

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के शोध पात्रता परीक्षा (रेट 2024) 29 आ 30 मार्च 2025 के आयोजित कइल जाई। ई परीक्षा विश्वविद्यालय परिसर में दुनो दिन सबेरे आ सांझ के सत्रन में होई।

Share

DDU: 29 और 30 मार्च के आयोजित होई शोध पात्रता परीक्षा, 41 विषयन में 1200 अभ्यर्थी

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के शोध पात्रता परीक्षा (रेट 2024) 29 आ 30 मार्च 2025 के आयोजित कइल जाई। ई परीक्षा विश्वविद्यालय परिसर में दुनो दिन सबेरे आ सांझ के सत्रन में होई। प्रवेश पत्र 24 मार्च से विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल www.dduguadmission.in से डाउनलोड कइल जा सकत बा।

विश्वविद्यालय प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक, प्रोफेसर हर्ष सिन्हा बतवलें कि एह बरिस शोध में प्रवेश खातिर 41 विषयन में कुल 1196 सीटन खातिर लगभग 4500 आवेदन प्राप्त भइल बा, जेमे 2117 महिला अभ्यर्थियों सामिल बा लो।

29 मार्च 2025 के आयोजित होखे वाला परीक्षा के सबेरे के सत्र में रसायन विज्ञान, प्राणी विज्ञान, कंप्यूटर साइंस आ कृषि समूह के सब विषय रही। सांझ के सत्र में प्राचीन इतिहास, बायोटेक्नोलॉजी, बिजनेस एडमिनिस्ट्रेशन, विजुअल आर्ट्स आ संस्कृत विषय होई।

30 मार्च 2025 के सबेरे के सत्र में राजनीति विज्ञान, अर्थशास्त्र, कॉमर्स, मनोविज्ञान, गणित, भूगोल, अंग्रेजी, हिंदी, इतिहास, वनस्पति विज्ञान जइसन विषय होई। सांझ के सत्र में शिक्षाशास्त्र, समाजशास्त्र, भौतिकी, माइक्रोबायोलॉजी, इलेक्ट्रॉनिक्स, दर्शनशास्त्र, उर्दू, रक्षा आ विधि जइसन विषय परीक्षा में सामिल होई लो।

Read Also: गोरखपुर:  DAV PG कॉलेज में भइल “विश्व जल दिवस” पs विचार संगोष्ठी के आयोजन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.