Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में मिशन शक्ति 5.0 के तहत संगोष्ठी आयोजित, विकसित भारत-2047 पs दिहल गइल सनेस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 14, 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में मंगर के दिने राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के संयुक्त तत्वावधान में मिशन शक्ति 5.0 के अंतर्गत एगो संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम कॉलेज

Share

Mission Shakti 5.0 seminar organized at DAV PG College Gorakhpur by NSS units

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में मंगर के दिने राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के संयुक्त तत्वावधान में मिशन शक्ति 5.0 के अंतर्गत एगो संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में संपन्न भइल।

कार्यक्रम के सुरुआत दृष्टि, जेनिश आ रितिका द्वारा सरस्वती वंदना आ स्वागत गीत से भइल, जवना से पूरा सभागार भक्तिमय माहौल से गूंज उठल।

एह संगोष्ठी में मुख्य अतिथि के रूप में डॉ. रूपा रावल, होम्योपैथिक डॉक्टर आ राष्ट्र सेविका समिति के अखिल भारतीय सह-प्रचार प्रमुख मवजूद रहली। ओहिजा शशि, राष्ट्र सेविका समिति, पूर्वी उत्तर प्रदेश क्षेत्र प्रचारिका (केंद्र-लखनऊ) के सानिध्य प्राप्त भइल।

डॉ. रूपा रावल अपना संबोधन में कहली कि भारत के संस्कृति दुनिया में सबसे अनोखा आ समृद्ध संस्कृति हs, आ हमनी के अपना भारतीय होखला पs गरब करे के चाहीं। ऊ विकसित भारत-2047 के लक्ष्य पs जोर देत कहलें कि हर विद्यार्थी जदि ईमानदारी, सहजोग, साफ-सफाई आ सामाजिक जिम्मेदारी निभावे, तs विकसित भारत के सपना जरूर साकार हो सकेला।

ऊ जापान आ इजराइल जइसन देसन के उदाहरण देत कहली कि अनुशासन, कर्तव्यनिष्ठा आ राष्ट्रप्रेम से देस तरक्की करेला। विद्यार्थियन के एगो जिम्मेदार भारतीय नागरिक बने के प्रेरणा दिहल गइल।

कार्यक्रम के अंत में धन्यवाद ज्ञापन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के ओर से कइल गइल। एह अवसर पs प्रो. अमृता श्रीवास्तव, प्रो. वेदवती सिंह, डॉ. पूनम सहित कॉलेज के सब शिक्षिकागण आ मरियम, श्रद्धा, वैष्णवी, श्रेया सहित बड़ संख्या में स्वयंसेविका लोग मवजूद रहल।

ई कार्यक्रम छात्र-छात्रा में नारी सशक्तिकरण, राष्ट्रसेवा आ सामाजिक जिम्मेदारी के भावना मजबूत करे वाला रहल।

Read Also: Canada Gold Theft : कनाडा के एयरपोर्ट से 180 करोड़ के सोना चोरी, अभी तक 7 आरोपी गिरफ्तार; भारतो से जुड़ल कड़ी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.