Gorakhpur News : डीएवीपीजी कॉलेज के एनएसएस दयानंद इकाई से चलावल गइल मैराथन आ स्वच्छता अभियान 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2025

गोरखपुर। अतवार के गोरखपुर के डीएवीपीजी कॉलेज में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) दयानंद इकाई के तरफ से सेवा पखवाड़ा कार्यक्रम के तहत मैराथन आ स्वच्छता अभियान चलावल गइल। ई कार्यक्रम कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल

Share

गोरखपुर। अतवार के गोरखपुर के डीएवीपीजी कॉलेज में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) दयानंद इकाई के तरफ से सेवा पखवाड़ा कार्यक्रम के तहत मैराथन आ स्वच्छता अभियान चलावल गइल।

ई कार्यक्रम कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के अगुवाई में भइल। एमे 17 सितंबर से 2 अक्टूबर तक चल रहल सेवा पखवाड़ा के अंग मैराथन प्रतियोगिता में स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका सभे भाग लिहल। मैराथन पैडले गंज चौराहा से लेके नौकायन स्थल तक भइल, जवना में सब केहू उत्साह से दौड़ लगवलस आ प्रमाणपत्र पवलस।

नारा आ संदेश

मैराथन दौरान स्वयंसेवक लोग जोर-शोर से “नशा मुक्त भारत” आ “आत्मनिर्भर भारत” के नारा लगवलस। नौका विहार पहुंचके सब केहू “स्वच्छता ही सेवा” के भाव से सफाई अभियान चलवलस।

सफाई कर्मी के सम्मान

सफाई अभियान में मौजूद सफाई कर्मी शांति देवी के योगदान खातिर सभे स्वयंसेवक-स्वयंसेविका उनका के सम्मानित कइलस आ उनका संगे मिलके सफाई कार्य में हाथ बटावल।

प्रेरणा आ मार्गदर्शन

एह मौका पs महाविद्यालय के डॉ. कुलदीप कुमार द्विवेदी आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता सभे स्वयंसेवकन के प्रेरित कइल लोग कि आपन सेवा भाव से भारत के विकसित आ आत्मनिर्भर राष्ट्र बनावे में योगदान दीं।

सक्रिय भागीदारी

एह कार्यक्रम में समर, आदर्श, अमन, वैष्णवी, अंकिता साहनी, विशाल पांडेय आ बाकी सब स्वयंसेवक-स्वयंसेविका सक्रिय भूमिका निभावल लोग।

Read Also: IND vs PAK : आज भारत-पाकिस्तान मैच में होई नया बवाल? पीसीबी अध्यक्ष नकवी के बयान से बढ़ल हलचल

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.