Bihar News: बिहार के फेमस राइटर फणीश्वर नाथ रेणु के बेटा के संगे साइबर ठगी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2024

मशहूर क्षेत्रीय कथाकार फनीश्वर नाथ रेणु सड़ल व्यवस्था के खिलाफ आवाज उठावत रहले, उनकर बेटा दक्षिणेश्वर राय उर्फ पप्पू उहे व्यवस्था से परेशान बाड़े। 6 सितंबर के साइबर ठग उनका से 95 हजार रुपया के

Share

मशहूर क्षेत्रीय कथाकार फनीश्वर नाथ रेणु सड़ल व्यवस्था के खिलाफ आवाज उठावत रहले, उनकर बेटा दक्षिणेश्वर राय उर्फ पप्पू उहे व्यवस्था से परेशान बाड़े। 6 सितंबर के साइबर ठग उनका से 95 हजार रुपया के धोखा देले रहले। घटना के पांच दिन बादो पुलिस मामला दर्ज नइखे कइले।

स्टेशन डायरी में खाली ई प्रविष्टि कइल गइल बा। साइबर थाना में तैनात आ पुलिसकर्मी शिकायतकर्ता के बतवले कि डीएसपी छुट्टी पs बाड़े। उनका वापसी के बादे प्राथमिकी दर्ज होई। दक्षिणेश्वर राय उर्फ पप्पू के कहनाम बा कि उऽ मुख्यमंत्री से पुलिस के रवैया के शिकायत करीहे।

उऽ बतवले कि 6 सितंबर के उऽ आपन जियो नंबर रिचार्ज कइले रहले। पइसा काट लिहल गइल बाकिर रिचार्ज ना भइल। उऽ गूगल प जियो के कस्टमर केयर नंबर सर्च कइले। कई गो नंबर लउकत रहे। उ 9145739835 पs फोन कइले। फोन आवे वाला बतवले कि राउर पइसा जियो के जगह एयरटेल में गइल बा।

ओकरा बाद संबंधित व्यक्ति लाइन पs रहे के कहले आ कुछ तकनीकी समाधान बतवले। एह क्रम में तीन बेर उनुका खाता से 95 हजार रुपया निकालल गईल। घटना के बाद रात 9:15 बजे जब उऽ पूर्णिया साइबर थाना पहुंचले तऽ ओकरा प ताला लागल रहे।

ऑनलाइन पोर्टल पर शिकायत दर्ज करावे खातिर सलाह

अगिला दिने थाना गइला पs उहाँ मौजूद जवान ऑनलाइन पोर्टल पs शिकायत दर्ज करावे के सलाह देले। उनका ओर से दिहल आवेदन पs खाली स्टेशन के डायरी दर्ज रहे। उऽ बतवले कि 11 सितंबर तक उनका आवेदन प प्राथमिकी दर्ज ना भइल रहे।

थाना में मौजूद अधिकारी बतवले कि डीएसपी के अइला के बादे प्राथमिकी दर्ज होई। साइबर धोखाधड़ी के बाद उनका खाता बंद कर दिहल गइल बा।

बैंक प्रबंधक के कहनाम बा की जबले प्राथमिकी दर्ज नइखे होत, तबले उऽ खाता चालू नइखन कर सकत। आपने जमा कइल गइल पइसा खातिर उऽ चार दिन से बैंक आ थाने के चक्कर लगा रहल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.