[the_ad_group id="30365"]

CWG 2026 : ओपनिंग सेरेमनी से पहिले भारत के पहिला मेडल भइल पक्का, लवलीना बोरगोहेन के पदक जीतल तय बा

Lovlina Borgohain
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : स्कॉटलैंड के ग्लासगो में आयोजित हो रहल कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारतीय स्टार मुक्केबाज लवलीना बोरगोहेन के पदक लगभग तय हो गइल बा। महिला 75 किलोग्राम बॉक्सिंग वर्ग में लवलीना सीधे सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ी, एह से अब ऊ कम से कम कांस्य पदक जरूर जीतिहें।

महिला 75 किलोग्राम बॉक्सिंग स्पर्धा में कुल 5 मुक्केबाज हिस्सा ले रहल बा लो। प्रतियोगिता के नियम के मोताबिक टॉप-3 खिलाड़ियन के सीधे सेमीफाइनल में जगह मिलल बा। एह खिलाड़ियन में भारत के लवलीना बोरगोहेन के नाम सामिल बा।

एह कारण अब लवलीना के कम से कम कांस्य पदक मिलल तय मानल जा रहल बा। जदि ऊ सेमीफाइनल जीत जइहें तs फाइनल में पहुंच जइहें आ कम से कम रजत पदक सुनिश्चित हो जाई।

31 जुलाई के होई सेमीफाइनल मुकाबला

अब लवलीना बोरगोहेन के सामना 31 जुलाई के सेमीफाइनल में टुवालू के मुक्केबाज टाफाकी से होई।भारतीय खेल प्रेमियन के उम्मीद बा कि ओलंपिक पदक विजेता लवलीना सानदार प्रदर्शन करत फाइनल में जगह बनइहें आ भारत खातिर गोल्ड मेडल के दावेदारी मजबूत करिहें।

भारत के 125 खिलाड़ी खेल रहल बा लो

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में अबकि बेर कुल 125 भारतीय खिलाड़ी हिस्सा ले रहल बा लो। हालांकि अबकि बेर खाली 10 गो खेल सामिल कइल गइल बा, जवना से कुल पदक स्पर्धा पिछिला संस्करण के तुलना में कम बा।

भारत के खिलाड़ी एह खेलन में चुनौती पेश करी लो-

  • एथलेटिक्स
  • बॉक्सिंग
  • वेटलिफ्टिंग
  • जूडो
  • आर्टिस्टिक जिम्नास्टिक्स
  • ट्रैक साइक्लिंग
  • लॉन बॉल्स
  • स्विमिंग

23 जुलाई के उद्घाटन समारोह से पहिले भारत के अभियान लॉन बॉल्स के मुकाबला से सुरू हो गइल बा।

लवलीना बोरगोहेन के कम से कम कांस्य पदक तय होखला से भारत के सुरुआत सकारात्मक मानल जा रहल बा। अब खेल प्रेमियन के नजर सेमीफाइनल पs बा, जहां जीत दर्ज कs के लवलीना फाइनल में पहुंच भारत खातिर गोल्ड मेडल के राह आसान बना सकेली।

Read Also: Gorakhpur News : गोरखपुर में सीएम योगी कहलें- जे आस्था, नौजवान आ किसानन से खेलल, ओकर उपदेश आज हास्यास्पद लागत बा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]