गोरखपुर। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के गोरखपुर में 995 करोड़ रुपिया से जादे लागत वाली 14 विकास परियोजनन के लोकार्पण आ शिलान्यास कइलें। एह मवका पs आयोजित जनसभा में मुख्यमंत्री समाजवादी पार्टी (सपा) आ कांग्रेस पs जमके निशाना सधलें। ऊ कहलें कि पहिले के सरकार नौजवान, किसान आ आस्था तीनो के संगे अन्याय कइले रहे, जबकि आज डबल इंजन सरकार बिना भेदभाव विकास के काम कs रहल बिया।
गोरखपुर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 995 करोड़ रुपिया से जादे लागत वाला 14 विकास परियोजनन के लोकार्पण आ शिलान्यास कइलें। एह दौरान ऊ कहलें कि प्रदेश में तेजी से सड़क, स्वास्थ्य, शिक्षा आ बुनियादी सुविधा के विस्तार हो रहल बा आ विकास के लाभ हर तबका तक पहुंचावल जा रहल बा।
सपा-कांग्रेस पs सधलें निशाना
मुख्यमंत्री योगी कहलें कि साल 2007 से 2017 के बीच प्रदेश में रहल सरकार चीनी मिल बंद करवा देली सs आ हजारन नौजवान बेरोजगार हो गइल लो। उनकर कहनाम रहे कि पहिले सरकारी नौकरी में सिफारिश, भ्रष्टाचार आ भेदभाव हावी रहे, जबकि अब भरती प्रक्रिया पूरा तरे पारदर्शी बा आ योग्यता के आधार पs चयन हो रहल बा।
सीएम योगी कहलें कि आज यूपी पुलिस, शिक्षक भरती आ यूपी लोक सेवा आयोग के चयन प्रक्रिया में गोरखपुर के नौजवान बिना कवनो सिफारिश के अपना मेहनत के दम पs सफल हो रहल बा लो।
गोरखपुर के नौजवानन के तारीफ कइलें सीएम योगी
मुख्यमंत्री कहलें कि जब लखनऊ में चयनित अभ्यर्थी गर्व से कहेला कि ऊ गोरखपुर से बा, तs एह बात से उनका खुसी होला। उनकर दावा रहे कि अब प्रदेश में प्रतिभा के सम्मान हो रहल बा आ हर योग्य उम्मीदवार के समान अवसर मिल रहल बा।
‘जे आस्था पs हमला करत रहे, ऊ आज उपदेश देत बा’
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि 2017 से पहिले प्रदेश में दंगा, अराजकता आ असुरक्षा के माहौल रहे। उनकर आरोप रहे कि होली, रामनवमी, जन्माष्टमी, दुर्गा पूजा आ कांवड़ यात्रा जइसन धार्मिक आयोजन में बाधा डालल जात रहे। अब उहे लोग आस्था के सबसे बड़ समर्थक बने के दावा करत बा।
सीएम योगी कहलें कि जे लोग राम जन्मभूमि आंदोलन के विरोध कइलस आ राम मंदिर निर्माण में बाधा डललस, उहे आज धर्म आ आस्था पs बड़-बड़ बयान दे रहल बा, जे जनता के नजर में हास्यास्पद लागत बा।
किसान आ बेयपारी के हक पs बोललें
मुख्यमंत्री कहलें कि पहिले किसानन के अधिकार छीनल गइल, बेयपारी असुरक्षित रहे लो आ बेटियन के सुरक्षा पs सवाल उठत रहे। उनकर दावा बा कि आज डबल इंजन सरकार किसान, नौजवान, महिला आ गरीबन खातिर बिना भेदभाव काम करत बियस। सरकार के लक्ष्य बा कि हर योजना के लाभ गांव-गांव आ हर पात्र व्यक्ति तक पहुंचे।
डबल इंजन सरकार के गिनवलें उपलब्धि
सभा के संबोधित करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि उत्तर प्रदेश में विकास के गति सुरक्षा आ सुशासन के चलते संभव भइल बा। सरकार बिना जाति, धरम आ क्षेत्र के भेदभाव के विकास योजना लागू करत बा, जवना से प्रदेश के हर वर्ग लाभान्वित हो रहल बा।









