[the_ad_group id="30365"]

CWG 2026 : दिलीप गावित 100 मीटर T47 दौड़ में जीतलें गोल्ड, भारत के सानदार प्रदर्शन जारी

Dilip Gavit Wins CWG 2026 Gold Medal
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। स्कॉटलैंड के ग्लासगो शहर में चलत कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के सातवां दिन भारत खातिर बहुते खास रहल। पैरा एथलेटिक्स के पुरुष 100 मीटर T47 फाइनल में भारतीय खिलाड़ी सानदार प्रदर्शन कइल लो आ भारत के झोली में गोल्ड आ सिल्वर दुनु मेडल आइल।

भारत के दिलीप महादु गावित 10.71 सेकेंड में रेस पूरा करत गोल्ड मेडल जीत लेलें। ओहिजा, मोहम्मद बासिल मोर्सिंगनाकथ 10.83 सेकेंड के समय के संगे सिल्वर मेडल अपना नावे कइलें। एह सानदार प्रदर्शन के बाद कॉमनवेल्थ गेम्स में भारत के कुल मेडल संख्या 15 हो गइल बा। भारत के खाता में तीन गो गोल्ड मेडल जुड़ गइल बा।

दिलीप गावित रचलें इतिहास

दिलीप गावित पुरुष 100 मीटर T47 स्पर्धा में गोल्ड जीत के एगो खास उपलब्धि हासिल कइलें। ऊ कॉमनवेल्थ गेम्स के पैरा एथलेटिक्स में गोल्ड मेडल जीते वाला पहिला भारतीय पुरुष एथलीट बन गइलें।

दिलीप से पहिले भारत खातिर पैरा एथलेटिक्स में महिला शॉटपुट F57 स्पर्धा में शर्मिला गोल्ड मेडल जीतले रहली। अब दिलीप गावित पैरा एथलेटिक्स में गोल्ड जीते वाला दूसरा भारतीय खिलाड़ी बन गइलें।दिलीप 10.71 सेकेंड में रेस पूरा कs के अपना सीजन के सबसे बढ़िया प्रदर्शन दर्ज कइलें।

किसान परिवार से निकल के बनलें गोल्ड मेडल विजेता

दिलीप गावित महाराष्ट्र के नासिक के लगे तोरण डोंगरी गांव के रहे वाला हवे। ऊ एगो साधारण किसान परिवार से आवेलें। बचपन में गाछ से गिरला के कारण उनका दहिना हाथ में गंभीर चोट लागल रहे। सही समय पs इलाज ना मिलला के वजह से उनकर हाथ कोहनी के नीचे से काटे के पड़ल। कठिन परिस्थिति के बादो दिलीप हार ना मनलें आ खेल के मैदान में लगातार मेहनत करत देस खातिर कइयन गो पदक जीतलें। एकरा से पहिले ऊ एशियन पैरा गेम्स 2022 में पुरुष 400 मीटर T47 स्पर्धा में गोल्ड मेडल जीतले रहलें।

पैरालंपिक अब दिलीप के अगिला लक्ष्य

गोल्ड मेडल जीतला के बाद दिलीप गावित कहलें कि रेस के सुरुआत कुछ धीमा रहे, बाकिर बाद में ऊ गति पकड़ के सानदार जीत हासिल कइलें। उनका मोताबिक, मौसम अनुकूल ना रहे, जवना से वार्मअप आ सही टाइमिंग बनावे में दिक्कत भइल। ऊ कहलें कि खराब मौसम में देह सुस्त हो जाला, बाकिर ऊ अपना प्रदर्शन पs खुस बाड़ें।

दिलीप कहलें कि फिलहाल ऊ नौकरी के बारे में नइखन सोचत। उनकर मुख्य लक्ष्य देस खातिर जादे से जादे पदक जीतल बा। ऊ जापान में होखे वाला पैरा एशियाई खेल आ ओकरा बाद पैरालंपिक में एकरा से बेहतर प्रदर्शन करे के भरोसा जतवलें।

Read Also: Ajinkya Rahane Retirement : अजिंक्य रहाणे इंटरनेशनल क्रिकेट से ललें संन्यास, सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के कइलें एलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]