[the_ad_group id="30365"]

CWG 2026 Day 4 : मीराबाई चानू पs टिकल रही सबकेहू के नजर, जादुमणि के पाकिस्तानी मुक्केबाज से होई टक्कर

CWG 2026 Day 4 India Schedule: Mirabai Chanu and Jadumani Singh in Action
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

CWG 2026 Day 4 : स्कॉटलैंड के ग्लासगो में चल रहल कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के चउथा दिन भारत खातिर बहुते अहम मानल जा रहल बा। अभी तक भारत के खाता में खाली एगो पदक जुड़ल बा, बाकिर आज वेटलिफ्टिंग, बॉक्सिंग, लॉन बॉल्स, जिम्नास्टिक आ स्विमिंग में कइयन गो खिलाड़ी मेडल के दावेदारी पेश करी लो। सबसे जादे नजर ओलंपिक पदक विजेता मीराबाई चानू पs बा, जे लगातार तीसरा कॉमनवेल्थ गोल्ड जीते के इरादा से मैदान में उतरिहें।

23 जुलाई से सुरू भइल कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 में भारत के सुरुआत उम्मीद के मोताबिक नइखे रहल। अभी तक खाली एगो ब्रॉन्ज मेडल मिलल बा, जवन पैरा पावरलिफ्टिंग में बिहार के खिलाड़ी झंडू कुमार जीतले बाड़ें। अब चउथा दिन भारतीय दल से मेडल के संख्या बढ़ावे के उम्मेद बा।

मीराबाई चानू पs सबकेहू के नजर

महिला 48 किलोग्राम वेटलिफ्टिंग फाइनल में भारत के स्टार खिलाड़ी मीराबाई चानू उतरिहें। ऊ 2018 आ 2022 कॉमनवेल्थ गेम्स में गोल्ड मेडल जीत चुकल बाड़ी। अबकि बेर ऊ लगातार तीसरा गोल्ड जीतके इतिहास रचे के कोसिस करिहें। भारतीय खेल प्रेमियन के सबसे जादे उम्मेद मीराबाई से बा, काहेकि ऊ एह स्पर्धा के सबसे अनुभवी आ सफल खिलाड़ियन में गिनल जाली।

जादुमणि सिंह के पाकिस्तानी बॉक्सर से मुकाबला

बॉक्सिंग के पुरुष 55 किलोग्राम वर्ग में भारत के जादुमणि सिंह मंडेन्गबाम के सामना पाकिस्तान के सुमामा रहमान से होई। भारत-पाकिस्तान मुकाबला होखे के चलते एह मैच पs खास नजर रही। ओहिजा, महिला 54 किलोग्राम वर्ग में प्रीति आ पुरुष 65 किलोग्राम वर्ग में आदित्य प्रताप यादव आपन-आपन मुकाबला खेली लो।

लॉन बॉल्स आ स्विमिंग से बा मेडल के उम्मीद

लॉन बॉल्स में भारत के महिला पेयर्स टीम रूपा रानी टिर्की आ पिंकी सिंह इंग्लैंड के जोड़ी से भिड़ी। जदि भारतीय जोड़ी सानदार प्रदर्शन करत बिया तs मेडल के राह आसान हो सकेला।

स्विमिंग में पुरुष 4×200 मीटर फ्रीस्टाइल रिले टीम क्वालीफिकेशन हीट में उतरी। जदि भारतीय तैराक सफल रहल लो तs फाइनल में मेडल खातिर मुकाबला करी लो।

मीराबाई चानू के अलावा पुरुष 60 किलोग्राम वर्ग में ऋषिकांत सिंह आ पुरुष 65 किलोग्राम वर्ग में राजा मथुपंडी मेडल खातिर चुनौती पेश करिहें।

CWG 2026 Day 4 : भारत के पूरा शेड्यूल (26 जुलाई)

खेल मुकाबला भारतीय समय
महिला बॉक्सिंग 54 किग्रा प्रीति बनाम डेबरा मटेनजे रात 10:45 बजे
पुरुष बॉक्सिंग 55 किग्रा जादुमणि सिंह बनाम सुमामा रहमान रात 11:45 बजे
पुरुष बॉक्सिंग 65 किग्रा आदित्य प्रताप यादव बनाम नूहू बैटे रात 12:45 बजे
पुरुष जिम्नास्टिक ऑल-अराउंड फाइनल तपन मोहंती, योगेश्वर सिंह शाम 4:30 बजे
महिला जिम्नास्टिक ऑल-अराउंड फाइनल प्रणति नायक, निष्का अग्रवाल, प्रतिष्ठा सामंत, इशिता रेवाले रात 10:30 बजे
लॉन बॉल्स पुरुष एकल पुतुल सोनोवाल बनाम शॉन जेम्स पार्निस सांझ 7:15 बजे
लॉन बॉल्स महिला पेयर्स रूपा रानी टिर्की, पिंकी सिंह बनाम अमांडा स्टीनकम्प, डायना विल्जोएन दूपहरिया 1:00 बजे
स्विमिंग 4×200 मीटर फ्रीस्टाइल रिले हीट श्रीहरि नटराज, आर्यन नेहरा, अनीश गौड़ा, धक्षन शशिकुमार सांझ 4:39 बजे
पुरुष वेटलिफ्टिंग 60 किग्रा फाइनल ऋषिकांत सिंह दूपहरिया 2:00 बजे
महिला वेटलिफ्टिंग 48 किग्रा फाइनल मीराबाई चानू सांझ 6:30 बजे
पुरुष वेटलिफ्टिंग 65 किग्रा फाइनल राजा मथुपंडी रात 11:00 बजे

भारत के आज कइयन गाे मेडल के उम्मीद

कॉमनवेल्थ गेम्स 2026 के चउथा दिन भारत खातिर बहुते महत्वपूर्ण बा। मीराबाई चानू, ऋषिकांत सिंह, जादुमणि सिंह, रूपा रानी टिर्की आ बाकी खिलाड़ी जदि बढ़िया प्रदर्शन करत बा लो तs भारत के पदक तालिका में बढ़न्ती तय मानल जा रहल बा।

Read Also: Anahat Singh : 18 साल के अनाहत सिंह विश्व जूनियर स्क्वैश चैंपियन बने से बस एक जीत दूर, जीतते रच दिहें इतिहास

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]