स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के जुवा स्क्वैश खिलाड़ी अनाहत सिंह विश्व जूनियर स्क्वैश चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच के इतिहास रचे के करीब पहुंच गइल बाड़ी। 18 साल के अनाहत एह प्रतिष्ठित टूर्नामेंट के फाइनल में पहुंचे वाली 2005 के बाद पहिला भारतीय महिला खिलाड़ी बन गइल बाड़ी। अब उनकर नजर भारत खातिर पहिला विश्व जूनियर स्क्वैश चैंपियनशिप खिताब जीतला पs बा।
दिल्ली के रहे वाली आ टूर्नामेंट के शीर्ष वरीयता प्राप्त अनाहत सिंह सेमीफाइनल मुकाबला में मिस्र के बार्ब सामेह के 11-3, 8-11, 11-4, 11-6 से हरवली आ फाइनल में आपन जगह पक्का कइली।
विश्व रैंकिंग में 20वां स्थान पs मवजूद अनाहत पिछिला साल एह टूर्नामेंट में कांस्य पदक जीतले रहली। अबकि बेर ऊ खिताब जीते के मजबूत दावेदार मानल जा रहल बाड़ी।
फाइनल में पहुंचे के बाद अनाहत जतवली खुसी
जीत के बाद अनाहत कहली कि ऊ फाइनल में पहुंच के बहुत खुस बाड़ी, बाकिर अभी उनकर काम पूरा नइखे भइल। ऊ बतवली कि कुछ महीना पहिले ब्रिटिश जूनियर ओपन में बार्ब सामेह के खिलाफ मुकाबला भइल रहे, एह कारण ऊ जानत रहली कि आज के मैच में पूरा क्षमता से खेलल जरूरी बा।
अनाहत आगे कहली कि पहिले कइयन बेर विश्व जूनियर चैंपियनशिप में क्वार्टर फाइनल आ सेमीफाइनल से आगे ना बढ़ पवले रहली, बाकिर अबकि बेर ऊ फाइनल तक पहुंचे में सफल भइली।
खिताब खातिर मिस्र के खिलाड़ी से होई मुकाबला
विश्व जूनियर स्क्वैश चैंपियनशिप के फाइनल में अनाहत सिंह के मुकाबला मिस्र के दूसरका वरीयता प्राप्त खिलाड़ी रुकय्या सालेम से होई।
अगर अनाहत एह मुकाबला में जीत हासिल कs लेत बाड़ी, तs ऊ विश्व जूनियर स्क्वैश चैंपियन बने वाली पहिला भारतीय खिलाड़ी बन जइहें। ई भारतीय स्क्वैश इतिहास में एगो बहुते बड़ उपलब्धि होई आ अनाहत के सानदार करिअर में नया अध्याय जोड़ दी।
Read Also: Devshayani Ekadashi 2026 : देवशयनी एकादशी 2026 पारण कब होई? जानीं व्रत खोले के सही समय आ पूजा विधि









