Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs NZ: भारत के जीत पs पीएम मोदी के संदेश, ‘शमी के बॉलिंग के पीढ़ी याद राखी’

शानदार खेल देखावत भारत बुध के दिने सेमीफाइनल में न्यूजीलैंड के 70 रन से हरा दिहलस। अब भारत आपन आखिरी मैच खेली। एह जीत के बाद पीएम मोदी से लेके पूरा देश तक सभे भारतीय टीम के बधाई दे रहल बा।

1,557

 

भारत शानदार प्रदर्शन देखवले बा आ वन डे क्रिकेट विश्व कप के सेमीफाइनल मैच में न्यूजीलैंड के हरा दिहले बा। एह जीत से भारतीय टीम विश्व कप के फाइनल में चहुँप गइल बिया आ गंतव्य से महज एक डेग दूर बा। भारत के एह जीत पs पूरा देश में उत्साह के माहौल बा। अब देश के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी टीम इंडिया के एह जीत पs एगो बड़ संदेश देले बाड़े।

 बढ़िया अंदाज में फाइनल में प्रवेश

पीएम मोदी विश्व कप के शुरुआत से ही भारत के मैच पs नजर रखले बाड़े। सेमीफाइनल में भारत के जीत पs बधाई देत उ लिखले – “टीम इंडिया के बधाई! भारत शानदार प्रदर्शन कईलस अवुरी शानदार अंदाज में फाइनल में प्रवेश कईलस। बेहतरीन बल्लेबाजी अवुरी निमन गेंदबाजी हमनी के टीम खातीर मैच पs मुहर लागल। फाइनल खातिर शुभकामना!

शमी के पीढ़ी याद करी

भारतीय तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी 7 विकेट ले के भारत के जीत में अहम भूमिका निभवले। पीएम मोदी भी शमी के परफॉर्मेंस के फैन बन गईले। उ लिखले- “आज के सेमीफाइनल के शानदार व्यक्तिगत प्रदर्शन के चलते अवुरी खास बनावल गईल। मोहम्मद शमी के गेंदबाजी के क्रिकेट प्रेमी आवे वाली पीढ़ी तक याद करीहे, ए खेल अवुरी विश्व कप के माध्यम से।”

मैच अईसने रहे

बुध के दिने मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल गइल सेमीफाइनल मैच में भारत टॉस जीत के बल्लेबाजी करे के फैसला कइलस। भारतीय टीम खातिर रोहित शर्मा 47 रन, शुभमन गिल 80 रन, विराट कोहली 117 रन, श्रेयस अय्यर 105 रन आ केएल राहुल 39 रन बनवले। भारत 4 विकेट गँवा के 50 ओवर में 397 रन बनवलस। एकरा जवाब में न्यूजीलैंड के पूरा टीम 48.5 ओवर में 327 रन बना के ऑल आउट हो गइल। भारत खातिर अकेले मोहम्मद शमी 7 विकेट लेले।

 

 

 

 

680240cookie-checkIND vs NZ: भारत के जीत पs पीएम मोदी के संदेश, ‘शमी के बॉलिंग के पीढ़ी याद राखी’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.