केंद्रीय विश्वविद्यालयों में दाखिला खतिर छात्र आजु से कs पइहें आवेदन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 6, 2022

केंद्रीय विश्वविद्यालयों में दाखिला एह बेर संयुक्त विश्वविद्यालय प्रवेश परीक्षा (CUET) के जरिये होई जौने खतिर बुधवार यानी छह अप्रैल से छात्र आवेदन कs पइहें। ई परीक्षा एमसीक्यू (बहु वैकल्पिक प्रश्नों) के साथ-साथ कंप्यूटर आधारित

Share

केंद्रीय विश्वविद्यालयों में दाखिला एह बेर संयुक्त विश्वविद्यालय प्रवेश परीक्षा (CUET) के जरिये होई जौने खतिर बुधवार यानी छह अप्रैल से छात्र आवेदन कs पइहें। ई परीक्षा एमसीक्यू (बहु वैकल्पिक प्रश्नों) के साथ-साथ कंप्यूटर आधारित होई जौन 13 भारतीय भाषा में आयोजित होई। एह दौरान छात्र कौनो एक भाषा के विकल्प चुन सकेने। एकर परीक्षा जुलाई के पहिले दुसरका हफ्ता में होखे वाला बा। तारीख के घोषणा बाद में होई।

छात्र छह मई ले कs सकेने आवेदन

सीयूईटी के आयोजन के जिम्मा शिक्षा मंत्रालय एनटीए (नेशनल टेस्टिंग एजेंसी) के देहले बा। एकरे खातिर छात्र छह मई ल आवेदन कर सकेने। एनटीए पहिले सीयूईटी खातिर दू अप्रैल से आवेदन प्रक्रिया शुरू कइले के एलान कइले बा। बाद में तैयारी में देरी के चलते एमे बदलाव कs देहल बा। एह परीक्षा में छात्र के सामान्य ज्ञान अउर भाषा के साथ चुनल गइल विषय से जुड़ल परीक्षा देवे के होई। परीक्षा खातिर एनटीए के ओर से दू स्लाट तैयार कइल गइल बा। एमें से एगो 195 मिनट अउर दुसरका 225 मिनट के होई।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.