Jammu-Kashmir : गांदरबल में सोनमर्ग सुरंग के लगे सीआरपीएफ के गाड़ी पलटल, हादसा में छह जवान घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 3, 2026

श्रीनगर। जम्मू-कश्मीर के गांदरबल जिला में सोनमर्ग सुरंग के लगे सीआरपीएफ के एगो गाड़ी पलट गइल। अधिकारियन के मोताबिक, सुक के भइल एह हादसा में सीआरपीएफ के छव जवान घायल हो गइल बा लोग। अधिकारी

Share

Nalanda Temple Stampede News

श्रीनगर। जम्मू-कश्मीर के गांदरबल जिला में सोनमर्ग सुरंग के लगे सीआरपीएफ के एगो गाड़ी पलट गइल। अधिकारियन के मोताबिक, सुक के भइल एह हादसा में सीआरपीएफ के छव जवान घायल हो गइल बा लोग।

अधिकारी लोग बतावल कि मध्य कश्मीर के गांदरबल जिला में श्रीनगर-लेह राष्ट्रीय राजमार्ग पs सोनमर्ग सुरंग के लगे सीआरपीएफ के गाड़ी सड़क से फिसल गइल, जवना से ई हादसा भइल आ छह जवान जख्मी हो गइलें।

घायल जवानन के घटनास्थल पs प्राथमिक इलाज दिहल गइल बा। एकरा बाद बेहतर इलाज खातिर सब केहू के नजदीक के गुंड इस्थित सीआरपीएफ शिविर ले जाइल गइल, जहां ओह लोगन के इलाज जारी बा।

Read Also: Ram Mandir Donation Theft Case : पुलिस के बड़ खुलासा, व्हाट्सएप पs होत रहे चोरी के बात, चैट में मिलल पुख्ता सबूत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.