यूपी विधानसभा में 58 साल बाद लागल अदालत, 6 पुलिसकर्मियन के दिहल गइल सजा, 18 साल पहिले तुड़ले रहे लो BJP MLA के गोड़ 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2023

58 साल बाद यूपी विधानसभा में एगो अलग नजारा देखे के मिलल, जब इहवां अदालत लागल आ कठघरा में खड़ा भइलें 6 पुलिसकर्मी। विधानसभा करीब दु दशक पुरान ममिला में तत्कालीन भाजपा विधायक सलिल विश्नोई

Share

58 साल बाद यूपी विधानसभा में एगो अलग नजारा देखे के मिलल, जब इहवां अदालत लागल आ कठघरा में खड़ा भइलें 6 पुलिसकर्मी। विधानसभा करीब दु दशक पुरान ममिला में तत्कालीन भाजपा विधायक सलिल विश्नोई द्वारा विशेषाधिकार हनन के ममिला में छव पुलिसकर्मियन के सुक के एक दिन के कारावास के सजा सुनवलस। बता दीं कि विशेषाधिकार हनन के नोटिस साल 2004 के हs।

यूपी विधानसभा के सुक के अदालत में तब्दील कs दिहल गइल आ संसदीय कार्य मंत्री सुरेश खन्ना छव पुलिसकर्मियन के एक दिन के कैद (रात 12 बजे तक) के प्रस्ताव पेस कइलें। स्पीकर सतीश महाना एह फैसला के घोषणा कइलें। महाना कहलें कि पुलिसकर्मी आधा रात तक विधानसभा भवन के एगो कमरा में कैद रही लोग ओह लोग भोजन आ आउर सुविधन के बेवस्था कइल जाई। सजा पs फैसला होखला के बाद मार्शल सब पुलिसकर्मियन के सदन से लॉकअप में ले गइल लो। एकरा पहिले, विधानसभा में 1964 में अदालत लागल रहे।

अखिलेश बतवलें- ई गलत परंपरा बा 

एह दौरान संसदीय कार्यमंत्री सुरेश खन्ना आरोपियन के कारावास के प्रस्ताव सदन के सामने रखलें, जवना पs स्पीकर वोटिंग करवलें। वोटिंग के दौरान सपा के विधायक सदन में मवजूद ना रहे लो। बाकी बचल सदस्य ध्वनिमत से प्रस्ताव के पारित करा दिहल गइल बा। मंत्री के प्रस्ताव से स्पीकर सहमति जतवलें आ आरोपियन के एक दिन के कारावास के सजा सुनवलें। ओहिजा जब एह बारे में नेता प्रतिपक्ष अखिलेश यादव से जब सदन के बाहर एह बारे में मीडिया द्वारा पूछल गइल तs ऊ खाली एतन कहलें की, ई गलत परंपरा बा।’

एह पुलिसकर्मियन के मिलल सजा

तत्कालीन क्षेत्राधिकारी बाबूपुरवा अब्दुल समद (अब सेवानिवृत्त), तत्कालीन थानाध्यक्ष किदवई नगर ऋषिकांत शुक्ला, तत्कालीन उपनिरीक्षक थाना कोतवाली कानपुर नगर त्रिलोकी सिंह, तत्कालीन कांस्टेबल छोटेलाल यादव, विनोद मिश्र आ मेहरबान सिंह के माफी मंगला के चलते ओह लोग के आचरण, बेवहार के धेयान राखत उदारतापूर्वक एक दिन के कारावास के सजा सुनावल गइल।

साल 2004 के बा ममिला

कानपुर के जनरलगंज सीट से भाजपा के तत्कालीन विधायक सलिल विश्नोई 25 अक्टूबर, 2004 के विधान सभा अध्यक्ष से शिकायत कइलें रहस। ऊ कहलें रहस कि 15 सितंबर, 2004 के ऊ पार्टी कार्यकर्ता-धीरज गुप्ता, विकास जायसवाल, सरदार जसविंदर सिंह, दीपक मेहरोत्रा के संगे शहर में बिजली कटौती से त्रस्त जनता के परेसानियन से संबंधित ज्ञापन डीएम के देवे जात रहलें। तबे क्षेत्राधिकारी बाबूपुरवा अब्दुल समद आ आउर पुलिसकर्मी लोग उनका के लाठी से जमके पीटल आ भद्दा गाली दिहल लोग। जब ऊ विधायक के रूप में आपन परिचय देलें तs अब्दुल समद कहलें कि ‘हम बतावत बानी कि विधायक का होला। पिटाई से विश्नोई के दहिना गोड़ में फ्रैक्चर हो गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.