यूपी में कंटेनर ट्रक आ मालगाड़ी के बीच भीषण टक्कर, ड्राइवर गंभीर रूप से घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

उत्तर प्रदेश के अमेठी जिला में मालगाड़ी अवुरी कंटेनर ट्रक के बीच भईल टक्कर में एगो आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल।  खबर के मुताबिक लखनऊ-वाराणसी (सुल्तानपुर होत) रेल खंड के रेलवे गेट पs

Share

यूपी में कंटेनर ट्रक आ मालगाड़ी के बीच भीषण टक्कर

उत्तर प्रदेश के अमेठी जिला में मालगाड़ी अवुरी कंटेनर ट्रक के बीच भईल टक्कर में एगो आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल।  खबर के मुताबिक लखनऊ-वाराणसी (सुल्तानपुर होत) रेल खंड के रेलवे गेट पs कंटेनर ट्रक अवुरी मालगाड़ी के टक्कर हो गईल।  मंगल के अधिकारी के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक एs घटना में ट्रक के चालक गंभीर रूप से घाही हो गईल।  सोनू चौधरी नाम के 28 साल के चालक के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।  अधिकारी बतवले कि दुर्घटना के चलते रेल खंड पs परिचालन बाधित हो गईल।

ट्रक के 100 मीटर घसीटलस


पुलिस के कहनाम बा कि, सोमार के रात के करीब 02:30 बजे जगदीशपुर थाना क्षेत्र में भईल घटना जब रेलवे के गेट खुलल रहे अवुरी गेटमैन भी ना रहले। उs बतवले कि एs दौरान गेट पार करेवाला ट्रक पटरी पs फंस गईल अवुरी मालगाड़ी कंटेनर से टकरा गईल।  पुलिस के कहनाम बा कि मालगाड़ी अवुरी कंटेनर के बीच भईल टक्कर एतना जादे रहे कि कंटेनर करीब 100 मीटर तक घसीटाट गईल अवुरी पूरा तरीका से नष्ट हो गईल।  दुर्घटना के जानकारी मिलते शीर्ष अधिकारी मौका पs पहुंचले।  खबर के मुताबिक घटना में कंटेनर चालक सोनू चौधरी गंभीर रूप से घाही भईल बाड़े।

चालक के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गईल

पुलिस के कहनाम बा कि, घाही चालक सोनू चौधरी के पहिले जगदीशपुर के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में इलाज खातीर ले आवल गईल, बाकिर बाद में गंभीर हालत के देखत उनुका के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गईल।  खबर के मुताबिक एs दुर्घटना में रेल पटरी अवुरी बिजली लाइन के भी भारी नुकसान भईल बा।  टक्कर के बाद मालगाड़ी बहुत देर तक रुकल अवुरी रेल यातायात बाधित हो गईल।  लखनऊ संभाग रेलवे प्रबंधक सचिंद्र मोहन शर्मा पटरी अवुरी बिजली लाइन के मरम्मत के बाद रेल यातायात के बहाल करे के बात कईले।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.