Prayagraj : फाफामऊ के लगे ट्रेन पलटे के साजिश नाकाम, ट्रैक पs मिलल लोहा के पोल, अचानक रोकल गइल मालगाड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2025

प्रयागराज: उत्तर रेलवे लखनऊ मंडल के प्रयाग से ऊंचाहार रेलखंड इस्थित फाफामऊ आ अटरामपुर रेलवे स्टेशन के बीच सनीचर के लगभग 04:15 बजे रेलवे ट्रैक पs एगो लोहा के पोल मिलल। गनीमत रहल कि समय रहतही

Share

प्रयागराज: उत्तर रेलवे लखनऊ मंडल के प्रयाग से ऊंचाहार रेलखंड इस्थित फाफामऊ आ अटरामपुर रेलवे स्टेशन के बीच सनीचर के लगभग 04:15 बजे रेलवे ट्रैक पs एगो लोहा के पोल मिलल। गनीमत रहल कि समय रहतही रेलवे ट्रैक पs रखल लोहा के पोल के उहां से गुजर रहल एगो मालगाड़ी के लोको पायलट देख लेलें।

बतावल जा रहल बा कि ऊंचाहार के तरफ सबेरे एगो मालगाड़ी जात रहे। मालगाड़ी के लोको पायलट संयोग शर्मा रेलवे ट्रैक पs लोहा के पोल देखलें तs ऊ इमरजेंसी ब्रेक लगाके ट्रेन रोक देंलें। ट्रेन मैनेजर प्रवीण के मवजूदगी में उ हां से पोल के हटा दिहल गइल बा।

ई जानकारी लखनऊ मंडल के कंट्रोल रूम के दिहल गइल। बाद मे सहायक उप निरीक्षक रेलवे सुरक्षा बल फाफामऊ मवका पs पहुंचलें। रेलवे अफसरन के कहनाम बा एह ममिला कर जांच कइल जा रहल बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.