लोकसभा चुनाव-2024 : कांग्रेस के 17वां लिस्ट जारी, आंध्र प्रदेश आ झारखंड के 11 कैंडिडेट के ऐलान, गोड्डा से उम्मीदवार बदलल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2024

नई दिल्ली। कांग्रेस अतवार 21 अप्रिल के लोकसभा उम्मीदवारन के 17वीं लिस्ट जारी कs देलस। एमे आंध्र प्रदेश के नौ आ झारखंड के दुगो नाम बा। झारखंड के गोड्डा से कैंडिडेट बदल दिहल गइल बा।

Share

नई दिल्ली। कांग्रेस अतवार 21 अप्रिल के लोकसभा उम्मीदवारन के 17वीं लिस्ट जारी कs देलस। एमे आंध्र प्रदेश के नौ आ झारखंड के दुगो नाम बा। झारखंड के गोड्डा से कैंडिडेट बदल दिहल गइल बा। अब प्रदीप यादव के टिकट दिहल गइल बा। पहिले दीपिका पांडे सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल रहे।

एकरा पहिले, तिरुवनंतपुरम से कांग्रेस उम्मीदवार शशि थरूर पs FIR दर्ज कइल गइल। ई FIR भाजपा नेता जेआर पद्मकुमार करवलें बाड़ें। पद्मकुमार के आरोप बा कि थरूर एगो टीवी प्रोग्राम के दौरान तिरुवनंतपुरम से भाजपा उम्मीदवार राजीव चंद्रशेखर पs अपमानजनक टिप्पणी कइलें। पद्मकुमार के इहो कहनाम बा कि थरूर तटीय इलाकन के वोटरन के प्रभावित करे के कोसिस कs रहल बाड़ें।

ओहिजा, बिहार के कटिहार में जनसभा के संबोधित करत केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह कहलें- ​​​​​​ लालू यादव आ उनकर बेटा कांग्रेस के गोद में जाके बइठल बा लो। ई उहे कांग्रेस पार्टी हियs, जवन पिछड़ा समाज के आरक्षण देवे वाली काका कालेलकर के रिपोर्ट आ मंडल कमीशन के रिपोर्ट के विरोध कइले रहे।

शाह इहो कहलें कि PM मोदी देस से परिवारवाद, जातिवाद आ तुष्टिकरण के समाप्त कइले बाड़ें। ऊ हर वर्ग, हर व्यक्ति के विकास कइले बाड़ें। बरिसन से कांग्रेस पार्टी आ ओकर साथी लालू कहत रहे लो, ‘गरीबी हटाओ’, बाकिर गरीबी ना हटल। मोदी सरकार मात्र 10 साल में 25 करोड़ लोगन के गरीबी से बाहर निकलले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.