देश भर में ईडी दफ्तरन के बाहर कांग्रेस के प्रदर्शन, नेशनल हेराल्ड केस में चार्जशीट के विरोध

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 16, 2025

नेशनल हेराल्ड मामला में आरोप पत्र के खिलाफ कांग्रेस देश भर में ईडी कार्यालय के बहरी विरोध करतिया। आरोप पत्र में सोनिया गांधी पs एक नंबर के आरोप बा आ राहुल पर दू नंबर के

Share

नेशनल हेराल्ड मामला में आरोप पत्र के खिलाफ कांग्रेस देश भर में ईडी कार्यालय के बहरी विरोध करतिया। आरोप पत्र में सोनिया गांधी पs एक नंबर के आरोप बा आ राहुल पर दू नंबर के आरोप बा. दूसर ओर प्रियंका गांधी के पति रॉबर्ट वाड्रा भी जमीन के सौदा में फंसल बाड़े। रॉबर्ट वाड्रा से आजु लगातार दुसरका दिन ईडी पूछताछ कइले बा.

पुलिस कई गो कांग्रेसी कार्यकर्ता के हिरासत में ले लिहलस

दिल्ली में ईडी के खिलाफ कांग्रेस के विरोध

दिल्ली में सैकड़ों कांग्रेस कार्यकर्ता आ नेता ईडी आ भाजपा के विरोध करत बाड़े. उs लोग ईडी कार्यालय के घेराबंदी कईल चाहतारे। बाकिर पुलिस ओह लोग के आगे ना बढ़े देत बिया. दिल्ली पुलिस कई गो कांग्रेसी नेता आ कार्यकर्ता के हिरासत में ले लिहले बिया.

इहो पढ़ीं: ऊनी कपड़ा के धोए खातीर अपनाई इs ट्रिक्स, लंबा समय ले नया जइसन रही

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.