Congress प्रत्याशी संपत्ति के मामला में सबसे आगे, JDU कैंडिडेटो कम नइखे; जानी Rajya Sabha जाए वाला नेता लो के बा कतना संपत्ति

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2024

Rajya Sabha कांग्रेस प्रत्याशी डॉ. अखिलेश सिंह (Akhilesh Prasad Singh) पिछिला पांच बरिस के आयकर रिटर्न के ब्यौरा देले बाड़े। एमें 28 लाख से लेके 34 लाख के बीच के बा। अखिलेश के पत्नी के

Share

Rajya Sabha कांग्रेस प्रत्याशी डॉ. अखिलेश सिंह (Akhilesh Prasad Singh) पिछिला पांच बरिस के आयकर रिटर्न के ब्यौरा देले बाड़े। एमें 28 लाख से लेके 34 लाख के बीच के बा। अखिलेश के पत्नी के नांवे ई ब्योरा 12 लाख से 18 के बीच के बा। 10 करोड़ 55 लाख 39 हजार 977 रूपिया के चल संपत्ति में से छव करोड़ रूपिया से बेसी उनका पत्नी के नांवे बा।

Bihar Top Leaders Property 

पत्नीं आ पुत्र सहित संजय झा (Sanjay Jha) के लगे आठ करोड़ 27 लाख 77 हजार 745 रूपिया के चल संपत्ति बा। जवना में से छव करोड़ 80 लाख, 33 हजार दो सौ बीस रूपिया के चल संपत्ति उनका पत्नी के नांवे बा। एमें 450 ग्राम सोना आ छव किलो चांदी बा। उनका लगे 28,500 रूपिया हाथ में बा।

संजय झा के नांव से कुल चल संपत्ति एक करोड़, 14 हजार, 350 रुपये के बा। एमें से उनका हाथ में मात्र नकद 24,800 रूपिया बा। साथही दू सौ छव ग्राम सोना बा। जवना के कीमत उऽ 11लाख 80 हजार दू सौ रूपिया बतवले बाड़न। ए संपत्ति में मारुति स्वीफ्ट कारो बिया। बांचल धन राशि बांड, शेयर आ दूसर किस्म के योजना में निवेश कर के रखले बाड़न। बेटा के लगे कुल चल संपत्ति 32 लाख 10 हजार 702 रूपिया बा। अचल संपत्ति के नांव पऽ चार करोड़ 77 लाख के किसानी जुगुत जमींन बा। 78 लाख 10 हजार के गैर कृषि जमींन बा। चार करोड़ 97 लाख 62 हजार 800 रूपिया कीमत के व्यवसायिक भवन बा। 12 करोड़ 36 लाख 13 हजार 936 रूपिया के आवासीय भवन आ फ्लैट्स आदि बा।

बीएमडल्ब्यू, रेंजरोवर आ थार कार के शौकीन हउऽअन अखिलेश 

1.30 किलो सोना आ 10.2 किलो चांदी के कीमत सम्मिलित बा। अखिलेश सिंह के लगे 495 ग्राम सोना आ 5.10 किलो चांदी बा। 20 लाख के बीएमडल्ब्यू कारो बिया। पत्नी के नांवे रेंजरोवर, थार आ फाच्यूनर कार बा। अखिलेश के लगे अचल संपत्ति में 17 एकड़ से अधिक खेतीहर जमीन बा।

एकर बाजार भाव 10 करोड़ 93 लाख बतावल जाता। 7 करोड़ 18 लाख के गैर कृषि योग्य जमीन बा। 3.80 करोड़ के व्यवसायिक भवन बा। 32 करोड़ 76 लाख के आवासीय भवन में फ्लैट्स आदि बा।

संयुक्त परिवार वाली धर्मशीला पति से बेसी धनिक 

भाजपा (BJP) के ओर से राज्यसभा प्रत्याशी बनावल गइली डॉ. धर्मशीला गुप्ता आ उनका पति के लगे 76 लाख से बेसी के चल संपत्ति बा। एमें 42.80 लाख के संपत्ति उनका अपना नांव से बा। धर्मशीला के लगे 82 हजार रूपिया नकद बा। उहें, उनका पति के लगे 93 हजार रूपिया नकद बा। धर्मशीला संयुक्त परिवार वाला बाड़ी आ स्वजनों सहित उनका लगे लगभग दू करोड़ के अचल संपत्ति बा।

डॉ. भीम के लगे चल-अचल संपत्ति बा बराबर

राज्यसभा (Rajya Sabha Elections) खातिर भाजपा के ओर से नामांकन करे वाला दूसरका प्रत्याशी डॉ. भीम सिंह के लगे लगभग चल-अचल संपत्ति बराबर बा। डॉ. भीम सिंह के अपना लगे 84 लाख 47 हजार 252 रूपिया के चल संपत्ति बा। उहें, पत्नी के लगे 78 लाख 64 हजार 38 रूपिया के चल संपत्ति बा।

एमें 58 हजार रूपिया अपना हाथ में बा। पत्नी के हाथ में 40 हजार रूपिया बा। 1 करोड़ 74 लाख 60 हजार 865 रूपिया के अचल संपत्ति बा। जवना में 54 लाख 48 हजार के संपत्ति पत्नी के नांवे बा। बांचल संपत्ति अपना नांवे बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.