दिल्ली में अकेले चुनाव लड़ी AAP, अरविंद केजरीवाल कांग्रेस के दिहले जोर के झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 11, 2024

दिल्ली विधानसभा चुनाव में आम आदमी पार्टी अवुरी कांग्रेस के बीच गठबंधन के बात सोझा आईल बा। समाचार एजेंसी एएनआई सूत्र के हवाला से कहलस कि मामला अंतिम चरण में पहुंच गईल बा। कांग्रेस अवुरी

Share

अरविंद केजरीवाल

दिल्ली विधानसभा चुनाव में आम आदमी पार्टी अवुरी कांग्रेस के बीच गठबंधन के बात सोझा आईल बा। समाचार एजेंसी एएनआई सूत्र के हवाला से कहलस कि मामला अंतिम चरण में पहुंच गईल बा। कांग्रेस अवुरी आप के अलावे इंडिया एलायंस के कुछ अवुरी पार्टी के भी एs गठबंधन में शामिल कईल जाई। हालांकि आप प्रमुख अरविंद केजरीवाल गठबंधन के संभावना के खारिज कs देले बाड़े। एएनआई के ट्वीट शेयर करत उs कहले कि उनुकर पार्टी अपना दम पs चुनाव लड़ी अवुरी कांग्रेस से गठबंधन के कवनो संभावना नईखे।

सूत्र के हवाला से एएनआई दावा कईले रहे कि 70 सदस्यीय विधानसभा में आप कांग्रेस के 15 सीट देवे खातीर तैयार बिया, जबकि ‘भारत’ गठबंधन के बाकी दल खातीर 1-2 सीट छोड़ दिहल जाई। बाकी 54-55 सीट पs आम आदमी पार्टी चुनाव लड़ी। साल 2015 आ 2020 के विधानसभा चुनाव में कांग्रेस एको सीट ना जीत पवलस जबकि आम आदमी पार्टी पहिले 67 आ फेर 62 सीट पs कब्जा कs के बड़हन जीत हासिल कइलस.

एकरा से पहिले आप अवुरी कांग्रेस अकेले सभ 70 सीट पs चुनाव लड़े के बात कईले रहले। दुनो पार्टी के ओर से प्रचार भी शुरू हो गईल बा। ‘आप’ 31 सीट पs उम्मीदवार के घोषणा भी कईले बिया। अयीसना में गठबंधन के लेके अबे भी बहुत जटिलता बनल बा। का जवना सीट खातिर आप उम्मीदवार घोषित कइले बिया ओहमें से कवनो सीट गठबंधन के साझेदारन के लगे ना जाई? भा पार्टी उम्मीदवारन के नाम वापस ले ली आ कांग्रेस भा दोसरा दलन के उम्मीदवार उतरे के मौका दी?

10 साल के सत्ता विरोधी के सामना करत चुनाव लड़े वाला आप एक ओर 18 सीट पs विधायक के सीट छीन लेले बिया, जबकि दूसर ओर गठबंधन भी तैयार देखाई देता। हालांकि, लोकसभा चुनाव में भी दुनो दल दिल्ली में गठबंधन कईले रहे, बाकिर एकरा से कवनो खास फायदा ना भईल। गठबंधन के सभ सीट पs हार के सामना करे के पड़ल। बाद में दुनो दल के नेता एक दूसरा पs ठीकड़ा फोड़ले।

इहो पढ़ीं: दिलीप कुमार खातीर जब हिट फिलिम कुल बन गईल सजा, जानीं अभिनेता के काहे कहल जाला ट्रेजेडी किंग?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.